घाम
घाम (अंगरेजी: sunlight) सूरूज से निकरल अँजोर के कहल जाला, बेसी बैग्यानिक भासा मे कहल जाव तऽ घाम विद्युतचुम्बकीय बिकिरन (इलेक्ट्रोमैग्नेटिक रेडियेशन) के एगो हिस्सा हवे जे सूरूज से निकरेला। घाम मे दु परकार के किरिन होले, एगो जेकरा हमनी के देख सकेनीजा आ एगो जेके ना देख सकीं जा। एमे कवनो कवनो किरिन अईसन होला जे देहि के हारजा करेला बाकिर पृथ्वी के सतह प आवे से पहिले ई सभ किरिन वायुमंडल में छना जाला।
घाम के सूरूज के सतह से धरती ले पहुँचे मे 8.3 मिनट लागेला। सूरूज के बीचे से ओकर सतह ले आवे के मे घाम के दस हजार से एक लाख सत्तर हजार बरिस ले लाग जाला।[1]
गांछ सभ के खाना बनावे मे घाम मे बहुते जोगदान होला।
नापलसंपादन
घाम केतना काड़ बा ई नापे ला "सनसाइन रिकॉर्डर", पाइरेनोमीटर, पाइरहेलियोमीटर नांव के जंत्र सभ के परजोग होला।
धरती प जिनगीसंपादन
धरती प के मय जीव सभ के जिनगी घाम के चलते चलेला। गाँछ सभ सूरूज के घाम, कार्बन डाइऑक्साइड गैस आ पानी के मिला चीनी (ग्लूकोज) बनावेलऽसन, एह काज के फोटोसिंथेसिस कहल जाला। एही बनल चीनी बाकि जीव सभ लेवेलऽसन आ एकरे प जींदा रहेलऽसन। आम भासा मे कहल जाव तऽ सूरूज के घाम के अंदर के तागत के लेके पेड़ सभ आपन फल बनावेलऽसन आ ओह फल के खा के जीव जंतु सभ ओह तागत के अपना भीतर लेवेलऽसन।
संदर्भसंपादन
- ↑ "The 8-minute travel time to Earth by sunlight hides a thousand-year journey that actually began in the core". SunEarthDay.NASA.gov. NASA. ओरिजनल से 2012-01-22 के पुरालेखित. पहुँचतिथी 2012-02-12.
ई पर्यावरण-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |