चंदन तिवारी

भोजपुरी लोकसंगीत गवैया

चंदन तिवारी (जनम 26 मार्च 1990) एगो भारतीय लोकगायिका बाड़ी।[1] तिवारी कई भाषा सभ के लोकगीतन के आपन आवाज देले बाड़ी जेह में भोजपुरी, मैथिली, मगही, नगपुरिया आ हिंदी नियर भाषा सामिल बा। कई टीवी प्रोग्राम में हिस्सा ले चुकल बाड़ी आ बहुत सारा लाइव शो कऽ चुकल बाड़ी। तिवारी के कई गो अवार्ड आ सम्मानो मिलल बा आ इनके गावल सीरीज पुरबिया तान अपना तरह के खास प्रस्तुति रहल बा जेह में ई भोजपुरी लोकगीत के बिधा पुरबी के रचनाकार महेंदर मिसिर के कई गो पुरबी सभ के आपन आवाज दिहली।[1] भोजपुरी गाना सभ में अश्लीलता के बिरोध में इनके काम के सराहल गइल बा।[2]

चंदन तिवारी
मंच पर गीत गावत एगो लइकी, क्लोज-अप में एगो हाथ कान पर आ दुसरहा में माइक पकड़ले
सामान्य जानकारी
जनम (1990-03-26) मार्च 26, 1990 (उमिर 34)
बड़का गाँव, भोजपुर जिला, बिहार
बिधालोकगीत, पुरबी, सोहर
पेशा सभगायिका

संदर्भ संपादन करीं

  1. 1.0 1.1 "इंटरनेट पर छाई इनकी आवाज, बचपन में भजन अब भोजपुरी में कर रहीं कमाल" (हिंदी में). धनबाद: दैनिक भास्कर. 22 मार्च 2014. Retrieved 7 दिसंबर 2018.
  2. "भोजपुरी म्यूज़िक और फ़िल्म इंडस्ट्री के अश्लील फूहड़ रूप को चुनौती". BBC News हिंदी (हिंदी में). 5 सितंबर 2020. Retrieved 26 फरवरी 2022.