चंद्र मास
(चंद्रमास से अनुप्रेषित)
चंद्र मास (अंग्रेजी: Lunar month) महीना के एक ठो नाप हवे जे चंद्रमा आधारित कैलेंडर सभ में एक युति से अगिला युति या फिर एक वियुति से अगिला वियुति के बीच में लागे वाला समय के कहल जाला।
साइडीरियल महीना
संपादन करींचंद्रमा के पृथ्वी के चारों ओर एक चक्कर के पूरा होखे में लागे वाला समय के गणना जब दूर मौजूद तारा सभ के संदर्भ में कइल जाला तब एकरा के साइडीरियल महीना कहल जाला।
सिनोडिक महीना
संपादन करींजब चंद्रमा के द्वारा पृथ्वी के चक्कर के पूरा होखे के गणना सुरुज के संदर्भ में कइल जाला, एह में लागे वाला समय के सिनोडिक महीना कहल जाला। उदाहरण खातिर अमौसा के सुरुज आ चंद्रमा एक सीध में होखे लें। चंद्रमा एक चक्कर पूरा करि के जब फिर एही दसा में आ जाला, यानि अगिला अमौसा आ जाला तब एक महीना पूरा भइल मान लिहल जाला। एकर गणना पूर्णिमा से पूर्णिमा ले भी हो सके ला।
ई खगोलिकी-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |