चिनूक
चिनूक भा शिनूक (अंग्रेजी: Chinook) उत्तर अमेरिका में बहे वाली दू गो लोकल हवा हईं। पहिली किसिम के समुंद्रतटीय चिनूक कहल जाला जे प्रशांत महासागर के सहारे अमेरिका महादीप के उत्तरपच्छिम तट पर सीजनल हवा ह[1] आ ई दक्खिनी-पछुवा नम हवा हवे जेकरा चलते उत्तर अमेरिका के पच्छिमी किनारा पर बरखा आ बर्फ़बारी होखे ला। मूल रूप से चिनूक नाँव एही हवा के रहल।[2] दुसरे किसिम के चिनूक, इंटीरियर शिनूक, अमेरिका आ कनाडा के पच्छिमी इंटीरियर इलाका में बहे लीं जे रॉकी परबत से उतरे वाली गरम, सूखल हवा होखे लीं।
पहिली किसिम के तटीय चिनूक मूल हवा हईं जिनहन के ई नाँव परल; ई सीजन के अनुसार लगातार बहे लीं।[3] दुसरे किसिम वाली इंटीरियर चिनूक सभ के चिनूक नाँव बाद में दिहल गइल आ ई कब्बो-काल्ह बहे लीं।; ई फॉन-प्रकार के हवा होखे लीं। ई रॉकी परबत के पूरबी ढाल से उतरे लीं आ इनहन के बहे पर तेजी से बरफ के बास्पीकरण आ पघिलाव हो जाला जेकरा चलते इनहन के "स्नो ईटर" (बरफ खाए वाली) हवा भी कहल जाला।[4] इंटीरियर में बहे वाली हवा सभ के नाँव के उच्चारण शिनूक (/ʃɪˈnʊk/) हवे।
इहो देखल जाय
संपादन करींसंदर्भ
संपादन करीं- ↑ Tolmie, W.F. (1884). "Example of tshinook original pronunciation". Comparative vocabularies of the Indian tribes etc.
- ↑ Costello, J.A. (1909). "The Indian and the South Wind". Siwash — Indian History of the Northwest. pp. 156–158. Archived from the original on 2007-10-28: "p. 156". Archived from the original on 2008-05-30, "p. 157". Archived from the original on 2008-05-30, "p. 158". Archived from the original on 2008-05-30.
- ↑ "Chinook wind". Encyclopædia Britannica. 2006.
- ↑ "Snow Eater (The)". Telefilm Canada. 2013-10-17. Archived from the original on 2013-10-17. Retrieved 2019-05-14.
ई जलवायु बिज्ञान/मौसम बिज्ञान–संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |