जलजोड़
प्राकृतिक रूप से पातर पानी वाला रस्ता जे दू गो बड़हन जलभंडार सभ के जोड़े ला
जलजोड़, जलसंधि चाहे जलडमरू (अंग्रेजी: strait, स्ट्रेट [1]) अइसन भूगोलीय थलरूप हवे जे दू गो सागर भा सागर नियर बड़हन जलभंडार सभ के आपस में जोड़े ला। ई पानी वाला सकेत (narrow) हिस्सा होला जेकरे दुनों ओर बड़हन सागर भा झील होखे लें आ उनहन के पानी एह सकेत हिस्सा द्वारा जुड़ल रहे ला।
उदाहरण खातिर प्रशांत महासागर आ आर्कटिक महासागर के जोड़े वाला पातर पानी के हिस्सा बेरिंग जलजोड़ हवे जे अमेरिका आ रूस के बीचा में बाटे, उत्तर अमेरिका आ एशिया महादीप के अलग करे ला। एही तरीका से अटलांटिक महासागर आ भूमध्य सागर के जोड़े वाला जिब्राल्टर जलजोड़ परसिद्ध अइसन थलरूप बा जे अफिरका आ यूरोप महादीप के अलग करे ला।
जलजोड़ सभ रणनीतिक हिसाब से बहुत महत्व वाला होलें।
कुछ प्रमुख जलजोड़
संपादन करींगैलरी
संपादन करीं-
फ्लोरिडा जलजोड़ के सैटेलाइट फोटो
-
भारत आ लंका के बीचा में मन्नार के खाड़ी आ पाक जलजोड़
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ Society, National Geographic (3 अक्टूबर 2011). "strait". National Geographic Society (अंग्रेजी में). Archived from the original on 2022-02-25. Retrieved 25 फरवरी 2022.
ई थलरूप-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई लेख भूगोल शब्दावली की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |