जेठ (ज्येष्ठ) हिंदू कलेंडर के एक ठो महीना बा।

काशी क्षेत्र में प्रचलन में बिक्रम संवत के अनुसार जेठ साल के तीसरा महीना होला। अंग्रेजी (ग्रेगोरियन कैलेंडर) के हिसाब से एह महीना के सुरुआत कौनों फिक्स डेट के ना पड़ेला बलुक खसकत रहेला। आमतौर पर ई मई/जून के महीना में पड़े ला।

भारतीय राष्ट्रीय पंचांग, जेवन सुरुज आधारित होला, में जेठ तीसरा महीना हवे आ ग्रेगोरियन कैलेंडर के 22 मई से एकर सुरुआत होले। नेपाल में प्रयुक्त कैलेंडर के हिसाब से ई साल के दूसरा महीना हवे। बंगाली कैलेंडर में भी ई दूसरा महीना होला।

संदर्भ संपादन करीं