जैन मंदिर जैन धर्म के माने वाला लोग के पूजा-प्रार्थना के जगह होला। गुजरातराजस्थान में जैन मंदिर आमतौर पर डेरासर के नाँव से मिले लें जबकि महाराष्ट्र आ दक्खिन भारत के कुछ हिस्सा में जैन मठ आ मंदिर के बसडी के नाँव से जानल जाला। उत्तर भारत में बसही भा वसही भी कहल जाला। ई संस्कृत के वसति से निकलल हवे, मूल अरथ ह जहाँ मठ के बिद्वान आ बिद्यार्थी लोग के रहे के जगह होखे।

पार्श्वनाथ मंदिर, खजुराहो
खजुराहो में पार्श्वनाथ के मंदिर

इहो देखल जाय संपादन करीं