बौद्ध मंदिर बौद्ध धर्म के माने वाला लोग के प्रार्थना के अस्थान ह। एह में स्तूप, मंदिर आ पैगोडा वगैरह के सामिल कइल जाला। अलग-अलग इलाका अनुसार बौद्ध मंदिरन के बनावट आ नाँव में भी अंतर देखे के मिले ला। आमतौर पर एगो बौद्ध मंदिर में खाली एकर बिल्डिंगे भर ना बलुक एकरे अगलीं-बगलीं के हिस्सा आ इलाका भी सामिल कइल जाला, मुख्य रूप से ई पबित्र आ शांत वातावरण के रूप में पहिचानल जाला। एगो बौद्ध मंदिर के मकसद भीतरी आ बाहरी शांति के खोज में सहायक वातावरण के मानल जाला।

महाबोधि मंदिर, गया
महाबोधि मंदिर, बिहार राज्य के गया में; हेइजे भगवान बुद्ध के ज्ञान भइल रहल

कई मंदिर अइसन जगहा पर बाने जहाँ भगवान बुद्ध के जिनगी से जुड़ल कवनो घटना के महत्व जुड़ल बा। एकरे अलावा चीन, जापान, थाईलैंड आ मलेशिया नियर कई सारा देसन में बौद्ध मंदिर बाने जिनहन के एह देसन में खास महत्व बा।


इहो देखल जाय संपादन करीं