टिक टॉक (अंग्रेजी: TikTok) एगो आइओएस (iOS) आ एंड्राइड आधारित सोशल मीडिया एप बा जे छोटहन बीडियो बनावे आ साझा करे खातिर बाटे। एकरा जरिये लिप-सिंक, कॉमेडी आ टैलेंट बीडियो बना के शेयर कइल जा सके ला। एकरा के पहिली बेर 2017 में बाइटडांस (ByteDance) कंपनी द्वारा चीन से बाहर के बजार खातिर लांच कइल गइल। इहे कंपनी एकरे पहिले सितंबर 2016 में चीनी बजार खातिर डोयिन (Douyin) लांच कइले रहल। दुनों में कौनों अंतर नइखे बालुक ई खाली भर अलगा-अलगा सर्वर पर चले ले जवना से कि चीन सरकार के सेंसर से बच सके। ई एप 3 से 15 सेकेंड के बीडियो बना के इंटरनेट पर अपलोड करे ला।[4][5] आ 3 से 60 सेकेंड के लूपिंग (बेर-बेर दोहराव के साथे चले वाला) बीडियो भी साझा कइ सके ला। ई एप्लिकेशन एशिया, यूनाइटेड स्टेट्स आ दुनिया के अउरी देसन में बहुत पापुलर बा।[6] टिकटॉक चीन में नइखे उपलब्ध जबकि एकर सर्वर ओह देसन में बाड़ें जहाँ ई चले ला।[7]

TikTok
डेवलपरByteDance
सुरुआती रिलीजसितंबर 2016; 7 years ago (2016-09)
स्टेबल रिलीज
13.4.4 / 20 October 2019
ऑपरेटिंग सिस्टमiOS, Android
साइज308.3 MB (iOS)[1]
80.19 MB (Android)[2]
उपलब्ध बाटे33 languages[3]
प्रकारVideo sharing
लाइसेंसFreeware
वेबसाइटwww.tiktok.com

संदर्भ संपादन करीं

  1. "TikTok – Real Short Videos". App Store.
  2. "TikTok". Play Store.
  3. "Tik Tok – including musical.ly". iTunes. Retrieved 3 August 2018.
  4. Ltd, Guiding Media Pvt (2 October 2018). "Top 10 TikTok (Musical.ly) App Tips and Tricks". Guiding Tech (भारतीय अंग्रेजी में). Retrieved 20 November 2018.
  5. "TikTok – Apps on Google Play". play.google.com (अंग्रेजी में). Retrieved 20 November 2018.
  6. "TikTok is fast becoming the most popular app in the world". The Industry Observer (ऑस्ट्रेलियाई अंग्रेजी में). 2018-11-04. Retrieved 2019-04-30.
  7. "Forget The Trade War. TikTok Is China's Most Important Export Right Now". Buzz Feed News. 16 May 2019. Retrieved 24 May 2019.