डोम उत्तरी भारत आ आसपास के इलाका में पावल जाए वाला एगो नृजाती समूह हवे। ई लोग छिटपुट रूप से, लगभग मिलत-जुलत नाँव से ब्यापक इलाका में पावल जालें। ई लोग डोम, डोम्ब, डोमा वगैरह के नाँव से जानल जालें। वर्ण व्यवस्था में एह लोग के शूद्र मानल जाला।

बाएँ देखत एगो आदमी
एगो डोम मरदाना, 1860, बंगाल

भारत के अलावा ई लोग के जनसंख्या पाकिस्तान में भी बा आ काश्मीर से सटल इलाका आ गिलगित-बालिस्तान में डोमकी लोग के भी एही श्रेणी में रखल जाला।

उत्तर प्रदेश में, हिंदू धार्मिक कर्मकांड के अनुसार लाश जरावे के समय इनहन लोग से आगी लिहल जाला आ श्राद्ध में अंतिम भोज करे खातिर बोलावल जाला। बनारस के मणिकर्णिका घाट]] पर डोम राजा के खास महत्व हवे जे लोग लाश जरावे खातिर आगी देला।[1]


संदर्भ संपादन करीं

  1. Parry, Jonathan P. (7 जुलाई 1994). Death in Banaras (अंग्रेजी में). Cambridge University Press. pp. 91–92. ISBN 978-0-521-46625-7.