तिब्बत के पठार
तिब्बत के पठार (अंग्रेजी: Tibetan Plateau) एगो बिसाल आ ऊँच पठार बा जे एशिया महादीप में बा। ई दक्खिन एशिया, मध्य एशिया, आ पूरबी एशिया के हिस्सन पर बिस्तार लिहले बा। चीन के तिब्बत खुदशासित क्षेत्र के अधिकतर हिस्सा, किंघाई, उत्तर-पच्छिमी युन्नान, सिचुआन के पच्छिमी आधा हिस्सा, दक्खिनी गांसू प्रांत, दक्खिनी शिनजियांग प्रांत; भारत के लद्दाख, आ हिमाचल प्रदेश के लाहुल आ स्पीती; पाकिस्तान के गिलगित-बल्तिस्तान; नेपाल के उत्तरी हिस्सा; भूटान; पूरबी ताजिकिस्तान आ दक्खिनी किर्गीजिस्तान में पड़े ला।
Tibetan Plateau | |
---|---|
डाइमेंशन | |
लंबाई | 2,500 किमी (1,600 मील) |
चौड़ाई | 1,000 किमी (620 मील) |
रकबा | 2,500,000 किमी2 (970,000 वर्ग मील) |
भूगोल | |
Location | China (Tibet, Qinghai, Western Sichuan, Northern Yunnan, Southern Xinjiang, Western Gansu) India (Ladakh, Lahaul & Spiti, Northern Arunachal Pradesh, Northern Sikkim) Pakistan (Baltistan) Nepal (Northern Nepal) Bhutan Tajikistan (Eastern Tajikistan) Kyrgyzstan (Southern Kyrgyzstan) |
रेंज निर्देशांक | 33°N 88°E / 33°N 88°Eनिर्देशांक: 33°N 88°E / 33°N 88°E |
ई पठार हिमालय के उत्तर में आ तकलामकान रेगिस्तान के दक्खिन ले, उत्तर-दक्खिन के लगभग 1,000 किलोमीटर (620 मील) आ ताजिकिस्तान से चीन के बिचला पच्छिमी हिस्सा ले पूरुब-पच्छिम के लगभग 2,500 किलोमीटर (1,600 मील) के लंबाई वाला बाटे। ई बिस्व के सभसे ऊँच आ सबसे बिसाल आकार के पठार हवे जेकर कुल रकबा लगभग 2,500,000 वर्ग किलोमीटर (2.7×1013 वर्ग फु) बाटे (फ्रांस देस के मुख्य जमीन से लगभग पाँच गुना)।[1] ई पठार ऊँच पहाड़न के श्रेणी सभ से घेराइल बा जेह में दुनिया के दू गो सभसे बेसी ऊँच चोटी माउंट एवरेस्ट आ के2 शामिल बाड़ी। तिब्बत के पठार के "संसार के छत कहल जाला"।
तिब्बत के पठार से कई बिसाल नदी बेसिन सभ के मुख्य नदिन के उदगम होला आ आसपास के इलाका सभ के सालभर पानी के उपलब्धता रहे ला। एहिजे दसन हजार ग्लेशियर बाड़ें आ अउरी अइसन इकोलॉजिकल फीचर बाड़ें जे एकरा के "पानी के टावर" कहे खातिर उचित कारन बाड़ें; ई पठार पृथ्वी के ध्रुवीय इलाका के बहरें तिसरा सभसे बिसाल बरफ के भंडार होखे के कारण तिसरा ध्रुव ((अंग्रेजी: third pole), थर्ड पोल) कहल जाला। जलवायु बदलाव के शंका आ तिब्बत के पठार के जलवायु बदलाव के अउरी इलाका सभ पर परभाव के आकलन एह समय बैज्ञानिक रिसर्च के बिसय बाटे।
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ "Natural World: Deserts". National Geographic. Archived from the original on 12 January 2006.