दुधवा टाइगर रिजर्व

उत्तर प्रदेश में एगो टाइगर रिजर्ब

दुधवा टाइगर रिजर्ब उत्तर प्रदेश के तराई इलाका में, नेपाल बाडर के लगे, लखीमपुर खीरीबहराइच जिला में एगो टाइगर रिजर्व बा। एग टाइगर रिजर्व के अंदर दुधवा नेशनल पार्क, किशनपुरकतरनियाघाट बनजीव बिहार सामिल बाड़ें। एकर कुल रकबा 1,284.3 किमी2 (495.9 वर्ग मील) आ एह में तीन गो बड़हन जंगल वाला हिस्सा सामिल बाड़ें जिनहन के बीचा में खेती-बारी वाली जमीन बाटे। एकर उत्तरी-पुरबी सीमा नेपाल देस के साथे सझिया बाटे आ काफी दूरी ले ई मोहाना नदी के सहारे बने ले। पूरा एरिया तराई के अल्यूवियल (जलोढ़) मैदान हवे जहाँ से कई गो छोट नदी पास होखे लीं आ आपन बाढ़ के मैदान बनावे लीं। एह बाढ़ के मैदान के ऊँचाई के रेंज 110 से 185 मी (361 से 607 फीट) बाटे।[1]

दुधवा टाइगर रिजर्व
दुधवा टाइगर रिजर्व
Map showing the location of दुधवा टाइगर रिजर्व
Map showing the location of दुधवा टाइगर रिजर्व
उत्तर प्रदेश में लोकेशन
लोकेशनलखीमपुर खीरीबहराइच जिला, उत्तर प्रदेश, भारत
भूगोलीय निर्देशांक28°31′N 80°41′E / 28.517°N 80.683°E / 28.517; 80.683निर्देशांक: 28°31′N 80°41′E / 28.517°N 80.683°E / 28.517; 80.683
रकबा1284.3
स्थापना1987
www.dudhwatigerreserve.com

इहो देखल जाय

संपादन करीं
  1. Mathur, P. K. and N. Midha (2008). Mapping of National Parks and Wildlife Sanctuaries, Dudhwa Tiger Reserve Archived 12 अप्रैल 2015 at the Wayback Machine. WII – NNRMS - MoEF Project, Final Technical Report. Wildlife Institute of India, Dehradun.

बाहरी कड़ी

संपादन करीं