धर्मवीर भारती (25 दिसंबर 1926 – 4 सितंबर 1997) हिंदी भाषा के जानल-मानल कवी, उपन्यासकार, नाटककार आ सामाजिक चिंतक रहलें। भारती पापुलर हिंदी पत्रिका धर्मयुग के मुख्य संपादक रहलें,[1] एह पद पर 1960 से 1997 में अपने निधन तक काम कइलें।[2]

धर्मवीर भारती
जनम(1926-12-25)25 दिसंबर 1926
इलाहाबाद, उत्तर प्रदेश, ब्रिटिश भारत
निधन4 सितंबर 1997(1997-09-04) (उमिर 70)
बंबई
पेशालेखक (कवी, उपन्यासकार, नाटककार)
राष्ट्रियताभारतीय
शिक्षाएम.ए., डी.फिल.
महतारी संस्थाइलाहाबाद विश्वविद्यालय
प्रमुख रचनागुनाहों का देवता (1949, उपन्यास)
सूरज का सातवाँ घोड़ा (1952, उपन्यास)
अंधा युग (1953, नाटक)
प्रमुख सम्मान1972: पद्मश्री
1984: Valley Turmeric Best Journalism Award
1988: Best Playwright Maharana Mewar Foundation Award
1989: संगीत नाटक अकादमी
राजेंद्र प्रसाद शिखर सम्मान
भारत भारती सम्मान
व्यास सम्मान
जीवनसाथीकांता भारती (बियाह 1954) (पहिली)
पुष्पा भारती (दूसरी)

भारती के भारत सरकार द्वारा 1972 में साहित्य खातिर पद्मश्री से सम्मानित कइल गइल। इनकर लिखल उपन्यास गुनाहों का देवता हिंदी साहित्य में एगो क्लासिक बन गइल। एगो अउरी उपन्यास सूरज का सातवाँ घोड़ा अपना कहानी कहे के शैली खाती अनोखे मानल जाला आ एह पर श्याम बेनेगल एही नाँव से 1992 में फिलिम बनवलें जेकरा के नेशनल फिल्म फेयर पुरस्कार मिलल। अंधा युग एगो नाटक हवे जेह में महाभारत के जुद्ध के ठीक बाद के कहानी के आधार बना के लिखल गइल हवे जेकरा के अब्बो नाटक मंडली सभ द्वारा खेलल जाला।

साल 1988 इनके संगीत नाटक अकादमी द्वारा सम्मानित कइल गइल, ई संगीत, डांस आ ड्रामा के भारत के राष्ट्रीय संस्था हवे।[3]

संदर्भ संपादन करीं

  1. "A trio of aces". दि टाइम्स ऑफ इंडिया. 1 May 2010. Archived from the original on 2014-02-02. Retrieved 2018-06-22.
  2. The Illustrated weekly of India: Volume 108, Issues 39–50, 1987.
  3. "SNA: List of Akademi Awardees". संगीत नाटक अकादमी Official website. Archived from the original on 17 फरवरी 2012.