धूरबवंडर
धूरबवंडर चाहे अंग्रेजी में डस्ट डेविल (अंग्रेजी: Dust devil) एक किसिम के छोट बाकी सटीक तरीका से बनल बवंडर होलें जिनहन में हवा के तेज घुमरीदार बहाव जमीन के धूर के उड़ा के खम्हा नियर उठा देला। ई बवंडर बहुत देर ले ना रहे लें आ साइज में आधा मीटर डायमीटर वाला आ कुछ मीटर ऊँचाई वाला से ले के 10 मीटर डायमीटर आ 1000 मीटर के ऊँचाई वाला तक ले हो सके लें।
धूर बवंडर | |
---|---|
घटना के इलाका | मुख्य रूप से शीतोष्ण आ उष्णकटिबंधी इलाका |
सीजन | बसंत आ गर्मी में अक्सर |
परभाव | धूर आ कंजास हवा में उड़े ला, हवा से नोकसान हो सके ला |
आमतौर पर ई खतरनाक ना होखे लें बाकी कभी-कभार बड़ आकार के होख्ले पर ई आदमी आ जानवरन के भी उड़ा सके लें।
संदर्भ
संपादन करींई जलवायु बिज्ञान/मौसम बिज्ञान–संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |