नमकीन भारतीय उपमहाद्वीप में कई किसिम के पकवान सभ खातिर एगो आम चलन के नाँव हवे जिनहन में नमक-मसाला पड़ल होला आ भूज के चाहे छान के बनावल जालें।[1]आमतौर पर नमकीन में फ्राई कइल चना के दाल, मोम्फली, मसुरी, मटर आ चिउरा; छान के बनावल सेव, भुजिया, छोट-छोट आलू के चिप्स इत्यादि चीज एक साथे मिक्स कइल जालीं; भूँजल चाहे फ्राई कइल काजू, बदाम, आ अउरी कई किसिम के सूखा मेवा आ बीया सभ के भी मिलावल जा सके ला।

2019 के कुंभ मेला के दौरान बिकात नमकीन

मिक्स नमकीन के अलावा एकर बहुत सारा आइटम अलगा से अपने आप में नमकीन कहल जा सके लें आ नमकीन के रूप में खाइल जा सके लें। ई आम भारतीय स्नैक्स हवें जे चाय-काफ़ी चाहे शर्बत के साथे कब्बो खाइल जा सके लें। बिहार में मैदा के बनल निमकी के अपने आप में नमकीन कह दिहल जाला। बियाह चाहे अउरी अइसन समारोह सभ में आमतौर पर मिक्स नमकीन परोसल जाला। सेव आ निमकी नियर नमकीन सभ के छोला-समोसा, खाली चना चाहे मटर के छोला, पोहा नियर पकवान सभ के ऊपर से डाल के खाइल जा सके ला।

आमतौर पर हल्दीराम, बिकानो, पारले आ अउरी अइसन कई कंपनी बाड़ी जे वीविध किसिम क नमकीन बनावे लीं। हल्दीराम क भुजिया, नवरतन आ खट्टा-मीठा कुछ टिपिकल भारतीय नमकीन बाड़ें।

  1. O'Brien 2003, p. 12.
  • O'Brien, C. (2003). Flavours Of Delhi: A Food Lover's Guide. Penguin Books Limited. ISBN 978-93-5118-237-5. Retrieved 29 Dec 2024.