नेपाल के प्रशासनिक बिभाजन
संघीय लोकतान्त्रिक गणतन्त्र नेपाल एगो छोट देश ह जवन दक्षिण एशिया में भारत आ चीन के बीच में स्थित बा। ई देश पुरी तरह से स्थलरुद्ध बा कहे के मतलब ह इ देश के भू-भाग समुन्दर के ना छुयेला।
२० सितम्बर २०१५ के जारी भइल नया संविधान के हिसाब से नेपाल अब ७ गो प्रदेश में बंट गइल बा।
नयका प्रशासनिक विभाजन
संपादन करींनयका प्रशासनिक विभाजन (२० सितम्बर २०१५ के जारी संविधान) के हिसाब से नेपाल के ७ गो प्रदेश आ ७४४ पालिका (नगरपालिका आ गांवपालिका) में बांटल गइल बा। ३ गो जिला सभ के तोड़ के नया ३ गो अउर जिला बन गइल बा। कुल मिला के अब ७८ गो जिला हो गइल बा।
प्रदेश सभ
संपादन करींप्रदेश सभ के नामकरण उ प्रदेश के विधान परिषद द्वारा होखे के प्रावधान बा। फिलहाल प्रदेश सभ के ओकर संख्या के आधार से जानल जाऽला।
प्रदेश सभ के नाम ई तरह बा:
- कोशी प्रदेश
- प्रदेश संख्या २
- प्रदेश संख्या ३
- प्रदेश संख्या ४
- प्रदेश संख्या ५
- प्रदेश संख्या ६
- प्रदेश संख्या ७
जिला सभ
संपादन करींनेपाल में पहिले से ७५ गो जिला रहल जवन विकास क्षेत्र आ अंचल में बँटल रहल। जिला के जिम्मेदारी जिला विकास समिति के पास रहल।
अब कुछ जिला सभ के तोड़ के ७८ गो जिला बना दिहल गइल बा आ जिला विकास समिति के नाम [[जिला समन्वय समिति हो गइल बा। कुछ अधिकार में भी बदलाव भइल बा।
पालिका
संपादन करींनेपाल में अब कुल ७४४ पालिका बाड़े जे में महानगरपालिका, उपमहानगरपालिका, नगरपालिका आ गांवपालिका आवेला।
प्राकृतिक विभाजन
संपादन करींनेपाल प्राकृतिक रुप से तीन भाग में विभाजित बा।
पुरनका प्रशासनिक विभाजन
संपादन करींप्रशासनिक रुप से नेपाल के 5 विकास क्षेत्र, 14 अंचल आ 75 जिला में विभाजित करल गइल बा। चार पाँचगो जिला मिला के एगो अंचल आ दु-तीन गो अंचल मिला के एगो विकास क्षेत्र बनल बा।
विकास क्षेत्र
संपादन करींsr. | विकास क्षेत्र | मुख्यालय | क्षेत्रफल (km2.) | जनसंख्या (2011) |
---|---|---|---|---|
1 | पूर्वांचल विकास क्षेत्र | धनकुटा | 28,456 | 5,811,555 |
2 | मध्यमांचल विकास क्षेत्र, नेपाल | काठमांडु | 27,410 | 9,656,985 |
3 | पश्चिमांचल विकास क्षेत्र | पोखरा | 29,398 | 4,926,765 |
4 | मध्य पश्चिमांचल विकास क्षेत्र | बिरेन्द्रनगर | 42,378 | 3,546,682 |
5 | सुदूर पश्चिमांचल विकास क्षेत्र | दिपायल | 19,539 | 2,552,517 |
नेपाल | काठमांडु | 147,181 | 26,494,504 |
अंचल
संपादन करींक्रम | क्षेत्र | अंचल | मुख्यालय | क्षेत्रफल (km2.) | जनसंख्या (2011) |
---|---|---|---|---|---|
1 | पूर्वांचल | मेची | इलाम | 8,196 | 1,422,182 |
2 | कोशी | बिराटनगर | 9,669 | 2,335,047 | |
3 | सगरमाथा | राजविराज | 10,591 | 2,054,326 | |
4 | मध्यमांचल | जनकपुर | जलेश्वर | 9,669 | 2,837,481 |
5 | बागमति | काठमांडु | 9,428, | 3,843,596 | |
6 | नारायणी | बिरगंज | 8,313 | 2,975,908 | |
7 | पश्चिमांचल | गंडकी | पोखरा | 12,275 | 1,549,857 |
8 | लुम्बिनी | बुटवल | 8,975 | 2,834,612 | |
9 | धौलागिरी | बाग्लुंग | 8,148 | 542,296 | |
10 | मध्य-पश्चिमांचल | राप्ती | तुलसीपुर | 10,482 | 1,456202 |
11 | कर्नाली | जुम्ला | 21,351 | 388,713 | |
12 | भेरी | नेपालगंज | 10,545 | 1701,767 | |
13 | सुदूर पश्चिमांचल | सेती | धनगढ़ी | 12,550 | 1,575,003 |
14 | महाकाली | महेन्द्रनगर | 6,989 | 977,514 | |
नेपाल | 14 अंचल | काठमांडु | 147,181 | 26,494,504 |
नेपाल के जिला
संपादन करींनेपाल में 75 गो जिला बा।
नगर कार्यपालिका
संपादन करींनेपाल में वर्तमान समय में प्रशासनिक बिभाजन के एगो इकाई नगरपालिका बा आ नगरसभा के निर्वाचनके अन्तिम नतिजा प्राप्त होला के 15 दिनभितर 20 सदस्यीय नगर कार्यपालिका के गठन होबेला।
गठन
संपादन करीं- नगरसभा के मेयर: 1 जन
- नगरसभा के उपमेयर: 1 जन
- वार्ड अध्यक्ष: हरेक वार्ड मे एक-एक आदमी
महिला सदस्य: 5 जन (जौन नगरसभाके सदस्य सभ अपन मे से निर्वाचित क के 5 गो महिला सदस्य)
दलित वा अल्पसंख्यक सदस्य 3 जन (नगर सभाके सदस्य सभ दलित वा अल्पसंख्यक समुदाय मे से वा नगर सभा के बाहर के व्यक्ति के चुने परेला इ 3 जन सदस्य नगर सभाके सदस्य होव सकेला मुदा इ लोकनि के मताधिकार ना होला)