नेशनल डेमोक्रेटिक अलायंस

भारतीय राजनीतिक गठबंधन

नेशनल डेमोक्रेटिक अलायंस (हिंदी में: राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन भा राष्ट्रीय लोकतांत्रिक गठबंधन), संछेप में एनडीए (NDA), भारत में एगो राजनीतिक गठबंधन बा जेकर अगुआई भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) क रहल बा। ई गठबंधन वर्तमान समय में देस के राष्ट्रीय स्तर प प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के अगुआई में सत्ता में बा आ एकर समन्वयक अमित शाह बाड़ें। एकरे अलावा कई भारतीय राज्यन में एह गठबंधन क सरकार बाड़ी स।

एनडीए
राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन
संछेप नाँवNDA
चेयरपर्सनअमित शाह
लोकसभा नेतानरेंद्र मोदी
(प्रधानमंत्री)
संस्थापक
स्थापित15 मई 1998; 26 साल पहिले (1998-05-15)

इतिहास

एनडीए के गठन मई 1998 में आम चुनाव लड़े खातिर गठबंधन के रूप में भइल। एनडीए के मुख्य मकसद भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस-विरोधी गठबंधन बनावल रहे। एकर अगुआई भाजपा करत रहे, आ एकरा में समता पार्टी आ एआईएडीएमके समेत कई ठे क्षेत्रीय पार्टिन के संगे-संगे शिवसेनो भी शामिल रहे, बाकी शिवसेना 2019 में ए गठबंधन से अलग होके कांग्रेस आ राकांपा के संगे महा विकास अगाडी में शामिल हो गइल। समता पार्टी 2003 में जनता दल (संयुक्त) के गठन के बाद गठबंधन से अलग हो गइल। शिवसेना एकलौता सदस्य पार्टी रहल जे भाजपा के हिंदुत्ववादी बिचारधारा के साझीदार रहल। चुनाव के बाद तेलुगु देशम पार्टी के बाहरी समर्थन से बहुत मामूली अंतर से बहुमत जुटावे में केहू तरे कामयाब भइल, जवना से अटल बिहारी वाजपेयी के प्रधानमंत्री के रूप में वापस लवटे के मोका मिलल।

इहो देखल जाय