पंचफोरन
पंचफोरन, पँचफोरन चाहे पाँचफोरन एक किसिम के खड़ा मसाला सभ के मिक्चर होला। एह में पाँच गो खड़ा मसाला सभ खास रेशियो में मिलावल गइल होखे लें जे फोरन (तड़का) देवे के कामे आवे लें। पाँच गो मसाला सभ में - मेथी (फेनुग्रीक), जीरा, मंगरइल (कलौंजी), राई (करिया सरसों) आ सौंफ शामिल होखे ला। एही पाँच गो फोरन देवे वाला मसाला सभ के कारण से एकर नाँव पंचफोरन पड़ल हवे।
किसिम | Spice blend |
---|---|
क्षेत्र | Eastern part of Indian subcontinent[1] |
मुख्य सामग्री | Fenugreek seed, nigella seed, cumin seed, black mustard seed and fennel seed |
आमतौर पर इस्तेमाल सामग्री | Radhuni |
अइसन अउरी पकवान | Chinese five-spice powder |
पंचफोरन क उत्पत्ती भारत के पूरबी इलाका सब से भइल मानल जाला आ ई एह इलाका में सब्जी-तरकारी, करी, समोसा के भराव नियन कई चीज के बनावे में होखे ला। मुख्य रूप से ई भोजपुरी, मैथिल, बंगाली आ असमिया पकवान सभ में इस्तेमाल होखे ला।