पनीर पसंदा

पनीर के भारतीय पकवान

पनीर पसंदा एक ठे भारतीय पकवान हउवे जे पनीर के सब्जी के रूप में बनावल जाला। एम्मे पनीर के स्लाइस के बीच में स्टफिंग करि के बनावल जाला आ रसा में टमाटर, काजू के पेस्ट के इस्तेमाल होखै ला।[1] ई मूल रूप से पसंदा नाम के रेसिपी के पनीर से बनावे वाला सब्जी हवे।

पनीर पसंदा
पनीर पसंदा जेह में पनीर के स्लाइस सभ के बीचे में भरावँ देखल जा सकत बा
खाए के समयमेन कोर्स
क्षेत्रभारतीय उपमहादीप
जुड़ाव राष्ट्रिय पकवानभारत
मुख्य सामग्रीपनीर

ई पकवान एगो काफी पॉपुलर पकवान हवे। गूगल के सालाना सर्च रपट के हिसाब से पनीर पसंदा के रेसिपी दुनियाँ में सभसे बेसी सर्च कइल जाए वाली रेसिपी रहल।[2][3][4]

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. कपूर, संजीव (2006). सिम्प्ली इंडियन (हिंदी में). पॉपुलर प्रकाशन. p. 58. ISBN 978-81-7991-215-7. Retrieved 3 अप्रैल 2023.
  2. Nast, Condé (8 दिसंबर 2022). "This paneer dish was the world's most Googled recipe in 2022". Condé Nast Traveller India (भारतीय अंग्रेजी में). Retrieved 3 अप्रैल 2023.
  3. "Paneer Pasanda tops World's most searched food recipe on Google list in 2022". mangaloretoday.com. Retrieved 3 अप्रैल 2023.
  4. "Things that Indians searched the most". www.telegraphindia.com. Retrieved 3 अप्रैल 2023.