पर्यावरणी मुद्दा भा पर्यावरणी समस्या, पर्यावरण पर मनुष्य के नोकसानदेह परभाव हवे। बहुत लंबा समय से ई चिंता के बिसय रहल बाड़ें, बाकी अभिन ले इनहन के सुलझाव पूरा तरीका से ना हो पवले बा।[1] पर्यावरणी मुद्दा सभ के उत्पत्ती मनुष्य के बिबिध सामाजिक समूहन द्वारा अपना आसपास के पर्यावरण से क्रिया-प्रतिक्रिया द्वारा होले आ कौनों समुदाय एह मुद्दा सभ के कइसे परिभाषित करत बा एह बात पर निर्भर करे ला कि ऊ लोग कइसे एह मुद्दा सभ के साथ बेहवार करी।[2]

पर्यावरण संरक्षण, मने कि पर्यावरण के सुरक्षा, में अइसन काम के शामिल कइल जाला जे ब्याक्तिगत, संस्थागत भा सरकारी या अंतरराष्ट्रीय स्तर पर प्राकृतिक पर्यावरण के दसा के मनुष्य के परभाव से सुरक्षा देवे खाती कइल जा रहल बाने; चाहे पर्यावरण के लाभ खातिर भा मनुष्य के फायदा खाती। पर्यावरणवाद, एक तरह के सामाजिक आ पर्यावरणी आंदोलन हवे जवना के तहत पर्यावरणी मुद्दा सभ के साथ निपटे बदे जागरुकता, शिक्षा आ सामाजिक सक्रियता बढ़ावे खातिर काम कइल जाला।[3]

 
पानी प्रदूषण एक ठो महत्वपूर्ण पर्यावरणी मुद्दा बा। ई फोटो "न्यू नदी" के बा जवन मैक्सिको से अमेरिका में प्रवेश करे ले

वर्तमान समय में कुछ प्रमुख पर्यावरणी मुद्दा बाने: मानव जनसंख्या में अति, जलवायु बदलाव, प्रदूषण, पर्यावरणी क्षय, जीव बिबिधता में कमी, आ संसाधन क्षय

इहो देखल जाय

संपादन करीं

बाहरी कड़ी

संपादन करीं
  1. Frances Harris (8 February 2012). Global Environmental Issues. John Wiley & Sons. pp. 15–. ISBN 978-1-119-95208-4.
  2. Susan Buckingham; Mike Turner (13 May 2008). Understanding Environmental Issues. SAGE Publications. pp. 1–2. ISBN 978-1-4462-3953-7.
  3. Eccleston, Charles H. (2010). Global Environmental Policy: Concepts, Principles, and Practice. Chapter 7. ISBN 978-1439847664.