पर्यावरण भूगोल

भूगोल के शाखा

पर्यावरण भूगोल (अंग्रेजी: Environmental geography) पर्यावरण की दशा कुल, पर्यावरण क कार्यशीलता आ तकनीकी ज्ञान वाला आर्थिक मनुष्य अउरी पर्यावरण की बिचा में जारी संबंधन क अध्ययन जगह आ समय (spatio-temporal) की संदर्भ में करे वाला विज्ञान हवे।[1]

ई भूगोल क एगो शाखा हवे जेवन एक तरह का संश्लेषणात्मक विज्ञान हवे आ एके इंटीग्रेटेड भूगोल (समन्वयात्मक भूगोल) की रूप में भी जानल जाला।

भूगोल क ई शाखा एक तरह से भौतिक भूगोलमानव भूगोल की अध्ययन क्षेत्र में दूरी कम कइला क काम करे ला| भूगोल हमेशा से मानव आ ओकरी पर्यावरण की अध्ययन के अस्थान आ समय की संदर्भ में करत रहल बाटे बाकी 1950-1970 की दौर में भौतिक भूगोल आ मानव भूगोल कि बिचा में दूरो बढ़ल आ एही से भूगोल क पर्यावरण की पढ़ाई से कुछ दूरी बन गइल जेवना कारन ए दौर में पर्यावरण क झण्डाबरदार जीव विज्ञानी लोग रहि गइल रहे।[2] बाद में तंत्र विश्लेषण आ इकोलोजिकल उपागम की महत्व के भूगोल में तेजी से बहुत तेजी से मान बढ़ल आ पर्यावरण भूगोल, भौतिक अउरी मानव भूगोल की बिचा में एगो बहुआयामी संश्लेषण की रूप में आगे आइल।[3]

पर्यावरण भूगोल की पढ़ाई क छेत्र - (1) पर्यावरण क एगो इकोसिस्टम की रूप में गढ़न आ काम कइला क अद्ययन, (2) मनुष्य आ इकोसिस्टम की आपसी संबंध के विश्लेषण आ पर्यावरण का नुकसान, (3)पर्यावरणीय दशा आ मानव-पर्यावरण संबंध क स्थानिक संदर्भ में अध्ययन, (4) पर्यावरण संरक्षण अउरी प्रबंधन से जुड़ल स्थानिक पहलू, अउरी (5) भूगोलीय सूचना प्रणाली (जी॰ आइ॰ एस॰)सुदूर संवेदन तकनीक क पर्यावरणीय अध्ययन में प्रयोग की दिशा के बतावल बाटे।

एही से प्राकृतिक या भौतिक भूगोल आ मानव भूगोल की बिचा में समन्वय स्थापित करे आ इनहन में एगो बहु आयामी संश्लेषण[4] करे वाला बिज्ञान होखला की कारण पर्यावरण भूगोल के भोगोल क एगो तीसरकी नई शाखा की रूप में भी कुछ विद्वानों लोग मानत बाटे।[5]

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. William M. Marsh, Environmental Geography: Science, Land Use, and Earth Systems, John Wiley, 1996
  2. सविन्द्र सिंह,पर्यावरण भूगोल, प्रयाग पुस्तक भवन, इलाहाबाद, प॰ iii
  3. Noel Castree, David Demeritt, Diana Liverman, Bruce Rhoads; A Companion to Environmental Geography, John Wiley & Sons, (Google eBook)
  4. Arild Holt-Jensen (1999): Geography - History and Concepts: A Student's Guide. London: SAGE. ISBN 9780761961802
  5. David Demeritt (2009): From externality to inputs and interference: framing environmental research in geography. In: Transactions of the Institute of British Geographers 34 (1), pp. 3–11, DOI: 10.1111/j.1475-5661.2008.00333.x.

किताबी स्रोत संपादन करीं

  1. सवीन्द्र सिंह, पर्यावरण भूगोल, प्रयाग पुस्तक भवन, इलाहाबाद।
  2. पृथ्वीश नाग, Frontiers in Environmental geography
  3. Noel Castree, David Demeritt, Diana Liverman, Bruce Rhoads; A Companion to Environmental Geography, John Wiley & Sons, (Google eBook)
  4. William M. Marsh, Environmental Geography: Science, Land Use, and Earth Systems, John Wiley, 1996
  5. e-Study Guide for: Environmental Geography : Science, Land Use, and Earth