मुख्य पन्ना

(पहिलका पन्ना से अनुप्रेषित)

फेसबुक ट्विट्टर

बढ़ियाँ लेख
भारत के झंडा
भारत के झंडा

भारत, पूरा नाँव भारत गणराज्य, दक्खिन एशिया में एगो देश बा। भारतीय साहित्य में एकरा के जम्बूद्वीप, आर्यावर्त, आ अजनाभदेश भी कहल गइल बा। क्षेत्रफल के हिसाब से बिस्व के सातवाँ, जनसंख्या अनुसार दुनिया के दुसरा सबसे सबसे बड़हन देस बाटे।

उत्तर में हिमालय, दक्खिन में हिंद महासागर, पच्छिम में अरब सागर आ पूरुब ओर बंगाल के खाड़ी से घेराइल ई एह क्षेत्र आ बिस्व में एक ठो महत्वपूर्ण आर्थिक, राजनीतिक आ सैनिक ताकत बा। बिस्व के सबसे बड़हन लोकतंत्र आ बिस्व में दसवाँ सबसे बड़हन अर्थव्यवस्था (नामिक जी॰डी॰पी॰ पर) हऽ।

हिमालय के ऊँच पहाड़, उत्तरी भारत के मैदान, दक्खिनी प्रायदीप के पठार आ समुंदरी किनारा के मैदान एकर प्रमुख भूगोलीय हिस्सा बाने; पच्छिम में थार के सूखा रेगिस्तान से ले के दूर पुरुब में चेरापूँजी आ मॉसिनराम संसार के सभसे ढेर बरखा वाला जगह इहाँ बा।

गंगा नदी इहाँ के राष्ट्रीय नदी बा आ महावीर अउरी गौतम बुद्ध नियर लोग के करमभूईं रहल बा। भारतीय संस्कृति के सभसे मुख्य बिसेसता बा एकर बहुरंगी रूप। भारत में बहुत प्रकार के जाति, प्रजाति आ धर्म के लोग बाटे आ भारत के एक क्षेत्र से दूसरा क्षेत्र में खान-पान, रहन-सहन जइसन चीजन में बहुत अंतर होखले के बावजूद भारतीय संस्कृति के एगो अलग पहचान बा।

समाचार में
Chandrayaan-3 Integrated Module in clean-room
  • चंद्रयान-3 (इंटीग्रेटेड मॉड्यूल के फोटो) के सफल लैंडिंग के बाद चंद्रमा के दक्खिनी ध्रुव इलाका में सॉफ्ट लैंडिंग करावे वाला भारत पहिला देस, आ चंद्रमा पर उतरे वाला चउथा देस बन गइल।
  • 2023 आईपीएल के सुरुआत हो चुकल बा जे 28 मई ले चली। पहिली बेर एह में भोजपुरी भाषा में कमेंट्री हो रहल बा।
  • नाटू नाटू गीत के 95वाँ अकादमी अवार्ड्स में 'ओरिजिल सॉन्ग' की श्रेणी में ऑस्कर अवॉर्ड मिलल बाटे, ई एह इनाम के पावे वाला पहिला भारतीय आ एशियाई गीत बाटे।
  • जापान के पूर्व परधानमंत्री शिंजो आबे के निधन भ गइल, उनुका के गोली मारल गइल रहल।
का आपके मालुम बा?
  • ...कि सदाबहार फूल वाला पौधा सभ के एगो जाति हवे जेह में आठ गो प्रजाति होलीं आ इनहन में से सात गो मैडागास्कर के मूल प्रजाति हईं जबकि एक ठो भारत-श्रीलंका के प्रजाति हवे।
  • ...कि रसगुल्ला एगो भारतीय मिठाई ह जेकरे उत्पत्ती के अस्थान पर पच्छिम बंगालउड़ीसा राज्यन के बीच में बिबाद बा आ बंगाली रसगुल्ला के जीआइ टैग मिलल बा?
  • ...कि दानयांग-कुनशान ग्रांड पुल चीन के सुझोऊ प्रांत में बाटे आ 164.8-किलोमीटर (102.4-मील) लमहर ई पुल दुनियाँ के सभसे लमहर पुल बाटे।
  • ...कि केल्ट-9बी नाँव के बाहरीग्रह, अबतक ले खोजल गइल ग्रह सभ में सभसे गरम ग्रह बाटे।
भाषा