पीसा
पीसा भा पीज़ा (अंग्रेजी: Pisa) इटली के बिचला हिस्सा के टस्कनी क्षेत्र में एगो शहर बा। इतिहासी रूप से अपना समुंदरी ताकत के रूप में जानल जाए वाला ई शहर पूरा दुनिया में जवना खास वजह खाती परसिद्ध बा, ऊ बा एहिजा मौजूद पीसा के ओरमल मीनार जे दुनियाँ भर में परसिद्ध बा काहें कि ई एगो तिरपट होखत मीनार हवे, ई एह शहर के मुख्य कैथड्रल (चर्च) के घंटा खातिर बनावल टावर हवे।
पीसा शहर के कुल आबादी 91,104 के आसपास बा आ इहाँ अउरी कई गो चर्च, इतिहासी महल आ पुल बाड़ें। पीसा के युनिवर्सिटी भी इतिहासी विश्वविद्यालय हवे आ 12वीं सदी में अस्थापित भइल रहे।
संदर्भ
संपादन करींई यूरोप के भूगोल या अस्थान से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |