मुख्य मेनू खोलीं
पेन ड्राइव
2011 के 4GB कैपसिटी के एगो पेन ड्राइव
पेन ड्राइव के अंदरूनी चीज
एगो पेन ड्राइव के भीतर के चीज। बायाँ चिप फ्लैश मेमोरी हवे आ दाहिनी ओर वाली कंट्रोलर चिप हऽ

पेन ड्राइव (अंगरेजी: Pen drive) चाहे यूएसबी फ्लैश ड्राइव डिजिटल डेटा भंडारण के एगो जुगत हवे; एह में फ्लैश मेमोरी आ यूएसबी कनेक्टर लागल होखे ला। फ्लैश मेमरी अइसन कंप्यूटर स्टोरेज होला जे गैर-अस्थाई होला, सॉलिड-स्टेट होला आ री-राइट कइल जा सके ला। तोशिबा कंपनी अइसन पहिला मेमरी बनवलस आ ई अस्सी के दशक में मार्केट में आइल। वर्तमान में अइसन मेमरी के इस्तेमाल पेन ड्राइव के अलावा मेमोरी कार्ड आ नया जमाना के हार्ड डिस्क सभ में हो रहल बा। एही मेमोरी के कारण पेन ड्राइव के फ्लैश ड्राइव भी कहल जाला।

पेन ड्राइव सभ के सुरुआती दौर में ई एक जीबी से कम कैपसिटी के होखें सऽ बाकी समय के साथेसाथ इनहन के मेमोरी कैपसिटी बढ़त गइल आ दाम कम होखत गइल। 2018 के भारतीय मार्केट में 8GB से ले के 32GB तक ले के पेन ड्राइव पापुलर बाड़ी सऽ। हालाँकि, इनहन के कैपसिटी टेराबाइट तक में बा।[1] आम तौर पर एह पेन ड्राइव सभ में री-राइट करे के संख्या 1,00,000 (एक लाख) बेर होला, हालाँकि इहो चिप के प्रकार पर निर्भर होला।

संदर्भसंपादन

  1. "The Largest Flash Drives | Digital Trends". Digital Trends (English में). 2018-07-23. पहुँचतिथी 2018-10-09.