पैम्पेरो
पैम्पेरो (अंग्रेजी: Pampero) एगो लोकल हवा हवे जे पंपास इलाका में बहे ले। ई दक्खिनी ध्रुवीय वायुराशि के अचानक उत्तर की ओर बढ़े आ पम्पास के क्षेत्र में प्रवेश करे वाली हवा हवे; अकसर तेजी के साथ ठंढा फ्रंट के रूप में आगे बढ़े ले। ई ठंढा हवा हवे आ एकरे प्रस्फोट (बर्स्ट) के चलते तापमान में कमी आवे ले।
एह हवा से ब्राजील, अर्जेंटाइना, उरुग्वे, पराग्वे, आ बोलीविया प्रभावित होखे लें। इहे हवा आगे बढ़ के ब्राजील में फ्रियाजेम के नाँव से आ बोलीविया आ पेरू में सुराजो आ अउरी देसन में गारुआ के नाँव से जानल जाली।
पैम्पेरो ठंढा आ सूखल हवा हवे जे अचानक बर्स्ट (फाट पड़ेल) के रूप में आवे ले आ कुछे समय खातिर बहे ले।[1]
इहो देखल जाय
संपादन करींसंदर्भ
संपादन करीं- ↑ Balfour-Browne, F. (16 जून 2011). Concerning the Habits of Insects (अंग्रेजी में). Cambridge University Press. ISBN 978-1-107-60023-2.
ई जलवायु बिज्ञान/मौसम बिज्ञान–संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |