पोर्ट ब्लेयर (अंग्रेजी: Port Blair) भारत के अंडमान आ निकोबार दीपसमूह राज्य में एक ठो शहर बा।

पोर्ट ब्लेयर
देस भारत
राज्यअंडमान आ निकोबार दीपसमूह
Population
 (2011)
 • Total108,058

पोर्ट ब्लेयर अंडमान आ निकोबार दीप सभ के प्रवेश बिंदु हवे। ई मुख्य भूमि भारत से हवाई आ समुंद्र दुनों तरीका से जुड़ल बा। ई शहर के नाँव ईस्ट इंडिया कंपनी के ब्रिटिश औपनिवेशिक नौसेना के अधिकारी कैप्टन आर्चीबाल्ड ब्लेयर के नाँव पर रखल गइल।

ऐतिहासिक सेलुलर जेल शहर में बा आ एकरे लगे के छोट-छोट दीप जइसे कि कोर्बिन के कोव, वांडोर, रॉस दीप, आ वाइपर दीप कबो ब्रिटिश उपनिवेशियन के घर रहलें।[1]

जनसांख्यिकी

संपादन करीं

साल 2011 के जनगणना[2] अनुसार पोर्ट ब्लेयर के कुल शहरी जनसंख्या 108058 बाटे आ आसपास के उपशहरी इलाका के मिला लिहल जाय तब कुल जनसंख्या 108058 बा। जनसंख्या के हिसाब से ई भारत के 454वाँ शहर बाटे। जनगणना आँकड़ा के मोताबिक एह शहर में लिंगानुपात 871 आ साक्षरता के दर 90.28% बाटे।[2]

इहो देखल जाय

संपादन करीं
  1. "The Cool, Wild and Very Remote Andaman Islands". New York Times. Retrieved 24 June 2024.
  2. 2.0 2.1 "City Census 2011". census2011.co.in. Retrieved 22 नवंबर 2016.