प्रकाश-बरिस
प्रकाश-बरिस दूरी नापे के एगो इकाई हवे जे खगोलीय नाप के कामे आवे ले। एक प्रकाश-बरिस लगभग 9.46 ट्रिलियन किलोमीटर के बराबर या फिर 5.88 ट्रिलियन मील के बरोबर होला। इंटरनेशनल एस्ट्रोनॉमिकल युनियन (आइएयू) के परिभाषा के मोताबिक प्रकाश एक जूलियन बरिस (365.25 दिन) में जेतना दूरी तय करे ला उहे एक प्रकाशबरिस हवे। कई बेर एह नाँव में "बरिस" शब्द के देख के कुछ लोगन के भरमाव हो जाला कि ई कौनों समय के नाप के इकाई हवे, हालाँकि, अइसन बेल्कुल नाहीं बा।
प्रकाश-बरिस | |
---|---|
Unit information | |
Unit system | astronomy units |
Unit of | length |
Symbol | ly[2] |
Unit conversions | |
1 ly[2] in ... | ... is equal to ... |
metric (SI) units | ×1015 m 9.4607 Pm 9.4607 |
imperial & US units | ×1012 मील 5.8786 |
astronomical units | 241 au 63 pc 0.3066 |
अक्सरहा एह इकाई के इस्तेमाल स्टेलर स्केल (तारा के पैमाना) पर, मने कि कौनों गैलेक्सी में तारा सभ के आपस में दूरी बतावे खाती इस्तेमाल होला। उदाहरण खातिर हमनी के लोकल गैलेक्सी आकाशगंगा में मौजूद तारा सभ हमनी के सौरमंडल के तारा आ केंद्र सुरुज से कतना दूर बाने ई जानकारी एही इकाई में बतावल जाले। सभसे नगीचे मौजूद तारा प्रॉक्सिमा सेंचुरी हमनी के सुरुज से लगभग 4.2 प्रकाश-बरिस के दूरी पर बा।
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ The Universe within 12.5 Light Years: The Nearest Stars
- ↑ उद्धरण खराबी:Invalid
<ref>
tag; no text was provided for refs namedIAUgen
ई खगोलिकी-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |