प्राचीन इतिहास पुरान जमाना के चीजन के बिबरन हवे, एकर सुरुआत लिखित इतिहास के बिलकुल सुरुआती समय से होला आ मध्यकाल ले मानल जाला। लिखित इतिहास से पहिले के इतिहास के पुराइतिहास कहल जाला आ आमतौर पर लिखित इतिहास के चार हिस्सा में बाँटल जाला जेह में सभसे पहिला आ पुरान समय के इतिहास के प्राचीन इतिहास कहल जाला; बाकी तीन गो कालखंड के मध्यकाल, आधुनिक इतिहास आ पोस्ट-माडर्न भा समकालीन इतिहास कहल जाला। प्राचीन इतिहास आ मध्यकाल के बीच के बटवारा अलगा-अलगा जगह पर अलग तरह के हो सके ला आ एह बारे में बिद्वान लोग में मतभेद भी हो सके ला।

लिखित इतिहास के सुरुआत 5,000 साल पहिले से मानल जाला, जबतक ले के सुमेरी सभ्यता के लोग के नोकदार लिखाई में लिखल चीज मिलल बाटे। यूनान के पहिला ओलंपियाड 776 ईसापूर्व से यूनान के लिखित इतिहास सुरू होला, लगभग एही समय रोम के स्थापना भी भइल 753 ईसापूर्व आ रोमन साम्राज्य के इतिहास सुरू मानल जाला।

पच्छिमी संभ्यता-संस्कृति में, प्राचीन इतिहास के अंत आ मध्यकाल के सुरुआत के कई समय अलग-अलग लोग द्वारा मानल गइल बा। कुछ लोग 476 AD में रोमन साम्राज्य के पतन (सभसे ढेर चलनसार) के,[1][2] कुछ लोग 529 AD में प्लेटो के एकेडमी के बंद होखे के,[3] कुछ लोग 565 AD में सम्राट जस्टिनियन प्रथम के निधन के,[4] कुछ लोग इस्लाम के आगमन के[5] आ कुछ लोग शार्लेमेन के उठान के[6] यूरोप में क्लासिकल भा प्राचीन इतिहास के दौर के अंत माने ला।

भारत में, प्राचीन इतिहास में मौर्य काल के बाद आ दिल्ली सल्तनत के उदै से पहिले मौजूद मध्यकाल के राज सभ के गिने ला,[7][8][9] आ चीन के इतिहास में प्राचीन इतिहास के काल क्विन बंस के शासन काल ले मानल जाला।[10][11]


  1. Clare, I. S. (1906). Library of universal history: containing a record of the human race from the earliest historical period to the present time; embracing a general survey of the progress of mankind in national and social life, civil government, religion, literature, science and art. New York: Union Book. Page 1519 (cf., Ancient history, as we have already seen, ended with the fall of the Western Roman Empire; [...])
  2. United Center for Research and Training in History. (1973). Bulgarian historical review. Sofia: Pub. House of the Bulgarian Academy of Sciences]. Page 43. (cf. ... in the history of Europe, which marks both the end of ancient history and the beginning of the Middle Ages, is the fall of the Western Roman Empire.)
  3. Hadas, Moses (1950). A History of Greek Literature. Columbia University Press. p. 273. ISBN 0-231-01767-7.
  4. Robinson, C. A. (1951). Ancient history from prehistoric times to the death of Justinian. New York: Macmillan.
  5. Breasted, J. H. (1916). Ancient times, a history of the early world: an introduction to the study of ancient history and the career of early man. Boston: Ginn and Company.
  6. Myers, P. V. N. (1916). Ancient History. New York [etc.]: Ginn and company.
  7. Elphinstone, M. (1889). The History of India. London: Murray.
  8. Smith, V.A. (1904). The Early History of India from 600 B.C. to the Muhammadan Conquest, including the Invasion of Alexander the Great. Oxford: Clarendon Press.
  9. Hoernle, A. F. R., & Stark, H.A. (1906). A History of India. Cuttack: Orissa mission Press.
  10. Foster, S. (2007). Adventure Guide. China. Hunter travel guides. Edison, NJ: Hunter Publishing. p. 6-7 (cf., "Qin is perceived as 'China's first dynasty' and [... developed] writing.)
  11. Gernet, J. (1996). A History of Chinese Civilization. Cambridge: Cambridge University Press.