प्रायदीप
प्रायदीप या प्रायद्वीप जमीन क अइसन बड़हन हिस्सा होला जेवन तीन ओर से समुन्द्र से घेराइल होला।[1] ई अंतरीप से अलग होला जेवन छोट आ पातर जमीनी हिस्सा होला आ समुन्द्र में दूर ले घुसल होला। हालांकि कुछ परिभाषा में एम्मे अंतरीप, स्पिट आ जमीन से जुडल दीप वगैरह के भी प्रायदीप मान लिहल जाला।[2]

दक्षिण भारत (भारतीय प्रायद्वीप)।
उदाहरण खातिर भारत क दक्खिनी पठार वाला हिस्सा एगो प्रायदीप हवे जेवना की पच्छिम ओर अरब सागर, पुरुब ओर बंगाल क खाड़ी आ दक्खिन ओर हिन्द महासागर बाटे। एही तरे यूरोप महादीप के भी एगो बड़ा प्रायदीप मानल जाला आ "प्रायदीपन क प्रायदीप" कहल जाला।
संदर्भसंपादन
- ↑ Editors of the American Heritage Dictionaries, संपा. (2004). Word Histories and Mysteries: From Abracadabra to Zeus. Houghton Mifflin Harcourt. प. 216. ISBN 978-0547350271. OCLC 55746553.CS1 maint: extra text: editors list (link)
- ↑ Peninsula. – Britannica Student Encyclopedia. 2007. Encyclopædia Britannica, Retrieved 2007-07-19.
ई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |