फर्नीचर एक जगहसे दुसरे जगह ले जाये लायक अइसन सामान सभ हवें जे आदमी के कई किसिम के कामकाज में कामे आवे लें जइसे कि बइठे खातिर (खटिया, कुर्सी, सोफा), सुते खातिर (पलंग, खटिया, पलंगरी), खाना खाए खातिर (पीढ़ा, चौकी, डाइनिंग टेबल); या कौनों किसिम के सामान रखे खातिर (आलमारी, रैक, इस्टूल)। फर्नीचर के उपयोग के साथ-साथ घरेलू सजावट के आइटम के रूप में भी इस्तेमाल हो सके ला आ कुछ दशा में घार्मिक कामकाज खातिर भी। ई साज-सामान सभ कई किसिम के चीज से बनावल जा सके लें जैसे की बाँस, लकड़ी, लोहा आ अउरी धातु सभ से, प्लास्टिक से।

फर्नीचर के कुछ उदाहरण: कुर्सीखटिया