फेल्सिक
भूबिज्ञान में, फेल्सिक (अंग्रेजी: Felsic) अइसन आग्नेय चट्टान सभ के कहल जाला जिनहन में क्वार्ट्ज आ फेल्सपार के मात्रा अपेक्षानुसार बेसी आ प्रमुख होखे। जबकि मैफिक चट्टान सभ में मैग्नीशियम आ लोहा (Fe) के मात्रा बेसी होखे ले। एही तरह से लावा आ मैग्मा के भी फेल्सिक-मैफ़िक में बाँटल जाला।
एह तरीका से फेल्सिक अइसन सिलिकेट खनिज, मैग्मा आ चट्टान सभ के कहल जाला जिनहन में हल्लुक तत्व सभ के बहुतायत होखे जइसे की सिलिकन, ऑक्सीजन, एल्मुनियम, सोडियम आ पोटैशियम। फेल्सिक मैग्मा आ लावा के विस्कासिटी मैफिक के तुलना में बेसी होला।
संदर्भ
संपादन करींई भूबिज्ञान-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |