बरसात
साल के अइसन सीजन जेह में बरखा खूब होखे
बरसात के सीजन भा मानसून सीजन साल के अइसन हिस्सा होला जवना में बरखा होले। अइसन ऋतु उष्णकटिबंधी आ उपउष्णकटिबंधी इलाका सभ के खास बिसेसता हवे, जहाँ साल भर के कुल बरखा के ज्यादातर हिस्सा साल के कुछ महीना में हो जाले। भारत, नेपाल, बांग्लादेस नियर देसन में बरसात के सीजन जून, जुलाई आ अगस्त होला। एकरे बिपरीत कुछ किसिम के सवाना आ भूमध्यसागरीय इलाका सभ में जाड़ा के ऋतु में बरखा होला। धियान देवे के बात इहो बा कि धरती पर कुछे इलाका अइसन बाने जहाँ साल के कवनों हिस्सा के साफ़-साफ बरखा के सीजन के रूप में चिन्हित कइल जा सके ला, बाकी इलाका सभ में बरखा के मात्रा पूरा साल भर एकही नियर होले।
कोपेन के जलवायु बर्गीकरण में उष्णकटिबंधी इलाका सभ में अइसन महीना जेह में 60 मिलिमीटर से ढेर बरखा होखे, बरसात के सीजन भा नम सीजन कहल गइल बा।
ई लेख भूगोल शब्दावली की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई जलवायु बिज्ञान/मौसम बिज्ञान–संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |