बिहार के जलवायु
बिहार के जलवायु के परिचय आ बिबरन
बिहार के जलवायु नम उपोष्ण कटिबंधी जलवायु (Cwa) हवे। इहाँ जाड़ा में ख़ूब ठंढा मौसम रहेला आ तापमान 0° से 10°C ले नीचे गिर जाला। जाड़ा में बरखा पच्छिमी विक्षोभ से पैदा होखे वाला चक्रवातन से होला। फरवरी कि अंत से ले के अप्रैल ले मौसम बसंत के होला आ सुहावन होला। अप्रैल की बाद गर्मी पड़े शुरू होला आ मई की अंत ले ख़ूब गर्मी पड़ेला जेवना में तापमान 45°C ले ऊपर पहुँच जाला। मई में लोकल झंझावात से बरखा भी होला। एकरी बाद मानसून के सीजन आ जाला आ बरखा के शुरुआत होला जेवन सितंबर की शुरुआत ले चलेला। बिहार में 150 से 200 सेंटीमीटर ले बरखा होला। अक्टूबर-नवंबर के मौसम सुहावन होला आ फिर नवंबर से जाड़ा शुरू हो जाला।
बिहार के जलवायु
| ||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||
---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|
Climate chart (explanation) | ||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||
| ||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||
|
संदर्भ संपादन करीं
- ↑ Climate of Bihar, IMD 2011, p. 21.
स्रोत संपादन करीं
- "Climate of Bihar" [बिहार के जलवायु] (PDF). Climatological Summaries of States. No. 18. भारत मौसम विज्ञान विभाग, पुणे. 2011.
बाहरी कड़ी संपादन करीं
- मौसमबिज्ञान केंद्र पटना के वेबसाइट, भारत मौसमबिज्ञान बिभाग। (अंग्रेजी में)
- Climate in Bihar. worlddata.info पर। (अंग्रेजी में)
ई बिहार से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |