बैली ब्रिज भारतीय राज्य जम्मू काश्मीर के लद्दाख इलाका में बनल एगो पुल बाटे। ई दुनिया के कुछ सभसे ऊँच अस्थान पर बनल पुल सभ में से एक बा। एह पुल के कुल लंबाई 30 मीटर (98 फीट) बा आ ई समुंद्र तल से 5,602 मीटर (18,379 फीट) के ऊँचाई पर बा। ई पुल भारतीय सेना द्वारा बनावल हवे आ सैनिक महत्व के पुल हवे। एह पुल के डिजाइन बैली ब्रिज वाली हवे जे एक तरह के पोर्टेबल ट्रस पुल होखे लें।

संदर्भ संपादन करीं

बाहरी कड़ी संपादन करीं