ब्लॉकफील्ड

पेरीग्लेशियल थलरूप जहाँ जमीन बोल्डर सभ से तोपाइल रहे ले

ब्लॉकफ़ील्ड (blockfield),[1] चाहे ब्लॉक फील्ड (block field)[2]), फेल्सेनमीर (Felsenmeer),[1] बोल्डर फ़ील्ड[1][2] चाहे स्टोन फील्ड[2] अइसन जमीनी सतह होला जे बोल्डर चाहे बड़हन चट्टानी टुकड़ा सभ से तोपाइल होखे; आमतौर पर अइसन थलरूप अल्पाइन आ उपध्रुवीय जलवायु वाला इलाका में होखे लें आ पेरीग्लेशियर प्रकृया से जुड़ल होखे लें। ब्लॉकफील्ड सभ चट्टान सभ में छय से बने वाला थलरूप सक्री (scree) आ टॉलस ढाल (talus slope) से बहुत अलग होखे लें। अइसन मानल जाला कि एह सभ के उत्पत्ती जमीन के भीतर बरफ के कारन होखे वाला चट्टान क्षय से भइल होखी।[3][4] बिकल्प के रूप में अइसनो थियरी दिहल गइल बा की इनहन के उत्पत्ती रासायनिक चट्टानक्षय (केमिकल वेदरिंग) से भइल हो सके ला जब नियोजीन में जलवायु कुछ गरमाह रहल होखी। मतलब की ई अइसन थलरूप हो सके लें जिनहन पर पेरीग्लेशियल प्रासेस सभ बाद में काम कइले होखिहें।[4][5]

ओडेनवाल्ड के फेल्सेनमीर
  1. 1.0 1.1 1.2 Whittow, John (1984). Dictionary of Physical Geography. London: Penguin, 1984, pp. 66 and 190. ISBN 0-14-051094-X.
  2. 2.0 2.1 2.2 Leser, Hartmut, ed. (2005). Wörterbuch Allgemeine Geographie, 13th ed., dtv, Munich, pp. 107 and 221. ISBN 978-3-423-03422-7.
  3. Thomas, David S.G. and Andrew Goudie (eds.), The Dictionary of Physical Geography, 3rd edn., Oxford: Blackwell, 2000, p. 215. ISBN 0-631-20473-3.
  4. 4.0 4.1 Goodfellow, B.W.; Stroeven, A.P.; Fabel, D.; Fredin, O.; M.-H., Derron; Bintnja, R.; Caffee, M.W. (2014). "Arctic–alpine blockfields in the northern Swedish Scandes: late Quaternary – not Neogene". Earth Surface Dynamics. 2 (2): 383–401. Bibcode:2014ESuD....2..383G. doi:10.5194/esurf-2-383-2014. Retrieved 11 July 2016.
  5. Boelhouwers, Jan (2004). "New Perspectives on Autochthonous Blockfield Development". Polar Geography. 28 (2): 133–146. doi:10.1080/789610122. S2CID 129295656.