भारत-चीन संबंध
भारत-चीन संबंध (अंग्रेजी: Sino-Indian relations, सिनो-इंडियन रिलेशंस) भारत आ पीपुल्स रिपब्लिक ऑफ चाइना (पीआरसी) यानि चीन के बीच में दू-पक्षी बिदेस संबंध हवे। पुराना जमाना से भारतीय आ चीनी संस्कृतिन के बीच में संबंध रहल बा, हालाँकि आधुनिक बिदेस संबंध के सुरुआत 1950 से मानल जाला जब भारत औपचारिक रूप से रिपब्लिक ऑफ चाइना (ताइवान) के जगह पीआरसी के मुख्य चीनी भूमि के बैध सरकार मान लिहलस।
भारत |
चीन |
---|
भारत आ चीन एशिया के दू गो सभसे बड़हन आ सभसे तेज प्रगति क रहल देस बाने आ एही कारण दुनो देसन के बीचा में बिबिध आर्थिक-सांस्कृतिक समझौता आ सहजोग बिकसित भइल बा जबकि सीमा-बिबाद आ आपसी हित के टकराव वाला कुछ बिंदु के चलते दुनो देसन में तनाव के भी कई मुद्दा बाने। हाल में, जून 2017 के बाद से भूटान-भारत-चीन सीमा पर डोकलाम में जारी तनाव एकर ताजा उदाहरण बा।
भूगोलीय रूपरेखा
संपादन करींई एशिया के अस्थान या भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |