भितरकनिका नेशनल पार्क भारत के उड़ीसा राज्य के उत्तरी पूरबी हिस्सा में समुंदर किनारे के इलाका में एगो नेशनल पार्क बा। ई पार्क भितरकनिका बनजीव अभयारण्य के कोर एरिया हवे आ एकर रकबा 145 किमी2 (56 वर्ग मील) बाटे जबकि एकरे चारो ओर फइलल अभयारण्य (सैंक्चुअरी) के रकबा 672 किमी2 (259 वर्ग मील) बाटे। एकरा के नेशनल पार्क के दर्जा 16 सितंबर 1998 के मिलल आ 19 अगस्त 2002 के एकरा के यूनेस्को के रामसर स्थल में शामिल कइल गइल।

Bhitarkanika National Park
Sunrise at Bhitarkanika National Park
Map showing the location of Bhitarkanika National Park
Map showing the location of Bhitarkanika National Park
लोकेशनOdisha, India
नजदीकी शहरKendrapara, Rajkanika Chandbali
भूगोलीय निर्देशांक20°45′N 87°0′E / 20.750°N 87.000°E / 20.750; 87.000निर्देशांक: 20°45′N 87°0′E / 20.750°N 87.000°E / 20.750; 87.000
रकबा145 किमी2 (56 वर्ग मील)
स्थापना16 सितंबर 1998
गवर्निग बॉडीपर्यावरण आ बन मंत्रालय, भारत सरकार
www.bhitarkanikanationalpark.com

इहाँ समुंद्री पानी के घड़ियाल (साल्टवाटर क्रोकोडाइल) प्रमुख आकर्षण हवे। एकरे अलावा अजगर, किंग कोबरा (गोहुअन) आ अउरी कई किसिम के रेप्टाइल देखे के मिले लें। बिबिध प्रकार के चिरई आ मैंग्रोव के बिभिन्न प्रजाति सभ इहाँ के खास चीज हईं।

संदर्भ संपादन करीं