भोजपुरी गीत संगीत

भोजपुरी भाषा के गीत आ संगीत के अवलोकन
(भोजपुरी गाना आ संगीत से अनुप्रेषित)

भोजपुरी गाना आ संगीत भारत आ नेपाल के भोजपुरी क्षेत्र आ कुछ अउरी देसन में जहाँ भोजपुरी भाषा बोलल जाले, के संस्कृति के हिस्सा हवें। भोजपुरी संगीत के उत्पत्ती उत्तर भारतीय हिंदुस्तानी संगीत से बतावल जाला। नाथ पंथ के साहित्य में मौजूद गीत आ कबीरदास के निर्गुन सभ के गायकी से भोजपुरी संगीत में साहित्यिक गीतन के शुरूआत होला आ भोजपुरी लोकगीत प्राचीन परंपरा के उपज हवें। पुराना जमाना के भोजपुरी लोकगीत के साथे-साथ आधुनिक आ वर्तमान समय में भोजपुरी गाना सभ के ब्यापक चलन बा। जहाँ एक ओर भोजपुरी में संस्कार गीत, मौसमी लोकगीत, आ बिबिध जाति के लोगन के लोकगीत पुराना परंपरा के साथे चल आ रहल बाड़ें, नया ज़माना में भोजपुरी फिलिम सभ के गीत आ भोजपुरी गाना के एल्बम सभ ब्यापक चलन में बाड़ें। वर्तमान समय में भोजपुरी गाना सभ में अश्लीलता एगो प्रमुख बिसेसता आ मुद्दा बा;[1][2] एकरा चलते सस्ता पापुलरिटी हासिल करे वाला लोग भी बा आ एह चलन के बिरोध करे वाला लोग भी आवाज उठावत बा।[3][4]

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. "होश संभालते ही अश्लील गाना गाने लगते हैं भोजपुरी सिंगर्स, पैसे के आगे मां-पिता नहीं करते मना". News18 हिंदी (हिंदी में). 29 दिसंबर 2021. Retrieved 26 फरवरी 2022.
  2. "दोअर्थी और नारी विरोध से सीधे मां-बहन की गाली तक, आख़िर भोजपुरी गाने यहां तक पहुंचे कैसे". ThePrint Hindi. 4 जुलाई 2020. Retrieved 26 फरवरी 2022.
  3. "भोजपुरी म्यूज़िक और फ़िल्म इंडस्ट्री के अश्लील फूहड़ रूप को चुनौती". BBC News हिंदी (हिंदी में). 5 सितंबर 2020. Retrieved 26 फरवरी 2022.
  4. "भोजपुरी अश्लील गानों के विरोध में निकाली रैली". Hindustan (हिंदी में).

स्रोत संपादन करीं

किताबी संपादन करीं

लेख संपादन करीं