भोजपुरी सिनेमा में, भारत के पूरबी उत्तर प्रदेश आ पच्छिमी बिहार के भाषा भोजपुरी में बने वाली फिलिम सभ के गिनल जाला। पहिली भोजपुरी फिलिम विश्वनाथ शाहाबादी के गंगा मइया तोहें पियरी चढ़इबों रहे जेवन 1963 में रिलीज भइल रहे।[1] अस्सी के दशक में कई ठे उल्लेख जोग भोजपुरी फिलिम रिलीज भइली जिनहन में बिटिया भइल सयान, चंदवा के ताके चकोर, हमार भौजी, गंगा किनारे मोरा गाँव, आ सम्पूर्ण तीर्थ यात्रा के नाँव प्रमुख रूप से गिनावल जाला।

भोजपुरी सिनेमा
Number of screens269(बिहार)
Produced feature films (2019)
Total150

पुराना समय में भोजपुरी में फिलिम बनावे के काम भी बंबई में होखे आ ई हिंदी सिनेमा के एक ठो हिस्सा के रूप में बनावल जायँ। अब एह फिलिम सभ के निर्माण भोजपुरी इलाका में भी हो रहल बा आ गोरखपुर, बनारसपटना नियर छोट शहर भी एह इंडस्ट्री के हिस्सा बन चुकल बाने।

भोजपुरी फिलिम के मुख्य दर्शक लोग पूरबी उत्तर प्रदेश, बिहार, झारखंडनेपाल के मधेस इलाका में बा लो जहाँ के ई भाषा हवे। एकरे अलावा अन्य शहर सभ में रहे वाला भोजपुरी भाषी लोग बा। एही कारन भोजपुरी सिनेमा के दर्शक यूरोप आ अमेरिकी देस सभ में भी बा आ सूरीनाम नियर देस सभ में भी जहाँ भोजपुरी बोलल जाले।[1]

संदर्भ संपादन करीं

  1. 1.0 1.1 खांडेकर, विनीता कोहली (24 जून 2010). "Regional pride" [क्षेत्रीय गरब]. बिजनेस स्टैंडर्ड. Retrieved 15 फरवरी 2017.