माटी बिज्ञान पृथिवी के सतह पर पावल जाये वाली माटी के प्राकृतिक संसाधन के रूप में अध्ययन करे वाला बिज्ञान हवे जे एकरे निर्माण, बर्गीकरण, भूगोलीय बितरण आ मैपिंग; भौतिक, रासायनिक, जीवीय आ उपजाऊपन के लच्छन; एकरे मनुष्य द्वारा इस्तेमाल आ मैनेजमेंट आ संरक्षण के अध्ययन करे ला।

माटी बिज्ञान के दू गो प्रमुख शाखा बाड़ी स: पेडोलॉजी, जे एकरे निर्माण, बिकास आ बर्गीकरण के अध्ययन करे ला, आ इडैफोलॉजी जेह में माटी आ जियतार जीवन के साथे एकरे सबंध आ अंतर्क्रिया (इंटरैक्शन) के अध्ययन कइल जाला।

संदर्भ संपादन करीं