प्राकृतिक संसाधन (अंग्रेजी: natural resources) अइसन संसाधन हवें जे बिना मनुष्य के कौनों क्रियाकलाप के, प्रकृति में अपने-आप मौजूद बाने आ जिनहन के इस्तेमाल मनुष्य अपना लाभ खातिर क सकत बा, जिनहन के महत्त्व आ कीमत मनुष्य समझे ला।[1] प्राकृतिक संसाधन सभ में पृथ्वी पर मौजूद बिबिध शक्ति आ गुण आ पदार्थ, जइसे चुंबकता, गुरुत्वाकर्षण, सूर्य के रोशनी, वायुमंडल, जंगल, खनिज वगैरह के शामिल कइल जा सके ला। हालाँकि, प्रकृति में पावल जाए वाला ई तत्व सभ संसाधन तब्बे बने लें जब आदमी इनहन के कीमत बूझे ला;[1] आ कीमत बूझल एक सांस्कृतिक घटना हवे, देस-काल के हिसाब से ई कीमत अलगा-अलगा हो सके ला।[1]

प्रकृति में ई संसाधन सभ अलगा से, एकाकी इकाई (सेपरेट) के रूप में भी हो सके लें, जइसे कौनों साफ पानी के स्रोत; जबकि कुछ सभ जगह पावल जाए वाला हो सके लें, जइसे सुरुज के रौशनी, हवा वगैरह।

बर्गीकरण संपादन करीं

प्राकृतिक संसाधन सभ के कई आधार पर कई प्रकार में बाँटल जाला:

उत्पत्ती के आधार पर:

  • जीवीय संसाधन - जिनहन के उत्पत्ती जीवधारी सभ से होखे।
  • अजीवी संसाधन - जिनहन के उत्पत्ती प्रकृति में कौनों जिंदा जीव के मदद से न होखत होखे।


इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. 1.0 1.1 1.2 Society, National Geographic. "National Geography Standard 16". nationalgeographic.org (अंग्रेजी में). Retrieved 11 दिसंबर 2021.