मानसबल झील

भारत के जम्मू काश्मीर में एगो झील

मानसबल झील भारत के जम्मू काश्मीर में साफ पानी के एगो झील बाटे। ई गांदरबल जिला में पड़े ले आ राजधानी श्रीनगर से लगभग 30 किलोमीटर के दूरी पर बाटे। झील के सतही रकबा लगभग 1 वर्ग मील (2.8 वर्ग किलोमीटर) बाटे आ गहिराई 43 फीट (13 मीटर) बा।

मानसबल झील
लोकेशनकाश्मीर घाटी
निर्देशांक34°15′N 74°40′E / 34.250°N 74.667°E / 34.250; 74.667निर्देशांक: 34°15′N 74°40′E / 34.250°N 74.667°E / 34.250; 74.667
झील प्रकारसाफ पानी
थाला33 किमी2 (13 वर्ग मील)
थाला के देसभारत
अधिकतम लंबाई5 किमी (3.1 मील)
अधिकतम चौड़ाई1 किमी (0.62 मील)[1]
सतह क्षेत्र2.81 किमी2 (1.08 वर्ग मील)
औसत गहिराई4.5 मी (15 फीट)
अधिकतम गहिराई13 मी (43 फीट)
आयतन0.0128 किमी3 (0.0031 घन मील)
जलनिवास समय1.2 years
किनारा के लंबाई110.2 किमी (6.3 मील)
सतह ऊँचाई1,583 मी (5,194 फीट)
आबादीकोंडाबल
1 किनारा के लंबाई कौनो सटीक माप ना हवे।

झील के पानी के आगम आसपास के छोट नाला आ बरफ के पघिलाव हवे जबकि एकर निकास झेलम नदी में होला। झील के किनारे-किनारे कमल के फूल फुलालें आ एह झील के प्रमुख आकर्षण हवें। एकरे अलावा चिरई निहारे खाती ई झील बहुत नीक जगह हवे जहाँ कई किसिम के पनिहा चिरई देखल जा सके लीं। एकरे तीरे झरोखा नाँव के मुगल बाग बा जे नूरजहाँ के बनवावल हवे।

झील के नाँव के बारे में मानल जाला कि ई तिब्बत वाली मानसरोवर झील के नाँव पर रखल गइल हवे।

संदर्भ संपादन करीं