ग्रांट पार्क (अंग्रेजी: Grant Park) शिकागो शहर में मिशिगन झील के पच्छिमी किनारे पर एक ठो पार्क बाटे। ई शिकागो के लूप कम्यूनिटी एरिया में मौजूद बा आ (319 एकड़ 1.29 कि॰मी॰²) के क्षेत्रफल में फइलल बाटे। शिकागो के सेंट्रल बिजनेस डिस्ट्रिक्ट (सीबीडी) में मौजूद एह पार्क के मुख्य आकर्षण के चीज गिनावल जाय त इहाँ मिलेनियम पार्क, बकिंघम फुहारा, शिकागो कला इंस्टीट्यूट, म्यूजियम कैम्पस नियर चीज बाड़ी। मूल रूप से एकरा के झील पार्क (Lake Park) कहल जाय आ ई एह शहर के बसले के समय से इहाँ बा, एकर नाँव 1901 में उलिसस एस ग्रांट के सम्मान में उनुकी नाँव पर रखाइल। पार्क के एरिया कई बेर बढ़ावल गइल आ ई बिस्तार झील से जमीन हासिल क के भइल। मुक्त अस्थान के इस्तेमाल के ले के एह पार्क के बिस्तार पर कई बेर बिबाद भी भइल।

ग्रांट पार्क
Grant Park
Locationशिकागो
Coordinates41°52′34″N 87°37′08″W / 41.876°N 87.6189°W / 41.876; -87.6189निर्देशांक: 41°52′34″N 87°37′08″W / 41.876°N 87.6189°W / 41.876; -87.6189
Areaशिकागो लूप
Architectएडवर्ड एच बेनेट
Architectural styleब्यू आर्ट्स, आर्ट डेको
Governing bodyशिकागो पार्क डिस्ट्रिक्ट
NRHP Reference #92001075
Added to NRHP21 जुलाई 1993
ग्रांट पार्क के नक्शा (प्लान)

एकरा उत्तर ओर रैन्डाल्फ सड़क, दक्खिन ओर रूज़वेल्ट रोड आ मैकफेट्रिज ड्राइव बा, पच्छिम ओर मिशिगन एवेन्यू आ पूरुब ओर मिशिगन झील बाटे। पार्क में पब्लिक के इस्तेमाल खातिर जगह, बगइचा, कला के प्रदर्शनी, आयोजन स्थल आ खेल के जगह मौजूद बाटे। इहँवा कुछ सालाना जलसा के अस्थान भी बाटे।

पार्क के अक्सरहा "शिकागो के दुआर" भी कहल जाला। एह पार्क के प्रशासन आ मैनेजमेंट के जिम्मेदारी शिकागो पार्क डिस्ट्रिक्ट के हवाले बाटे।

संदर्भ संपादन करीं

अउरी संदर्भ स्रोत संपादन करीं

  • Cremin, Dennis H. (2013). Grant Park: The Evolution of Chicago's Front Yard. Southern Illinois University Press. ISBN 978-0-8093-3250-2.
  • Bachrach, Julia S. (2001). The City in a Garden: A Photographic History of Chicago's Parks. Center for American Places. ISBN 1-930066-01-5.
  • Macaluso, Tony, Julia S. Bachrach, and Neal Samors (2009). Sounds of Chicago's Lakefront: A Celebration Of The Grant Park Music Festival. Chicago's Book Press. ISBN 978-0-9797892-6-7.{{cite book}}: CS1 maint: multiple names: authors list (link)
  • Staff (2006-03-15). "National Register Information System". National Register of Historic Places. National Park Service.
  • "Grant Park". Parks & Facilities. Chicago Park District. Archived from the original on 2006-03-20. Retrieved 23 जुलाई 2005.

बाहरी कड़ी सभ संपादन करीं