मीशा शफ़ी

पाकिस्तानी अभिनेत्री

मीशा शफ़ी (उर्दू: میشا شفیع - जनम 01 दिसंबर 1981) एगो पाकिस्तानी गायिका आ ऐक्ट्रेस बाड़ी।[1] लाहौर में जनमल मीशा हेइजे से कंप्यूटर में ए-लेवल के पढ़ाई कइली आ साल 2007 में नेशनल कॉलेज ऑफ़ आर्ट्स से डिग्री हासिल कइली। एकरे बाद मॉडलिंग इंडस्ट्री में दाखिल भइली आ बिन तेरे क्या है जीना के म्यूज़िक वीडियो में लउकली।

मीशा शफ़ी
जनम नाँवमीशा शफ़ी
जनम (1981-12-01) 1 दिसंबर 1981 (उमिर 42)
लाहौर, पंजाब, पाकिस्तान
पेशा सभगायिका, फिलिम ऐक्ट्रेस, मॉडल
संबंधित एक्टकोक स्टूडियो पाकिस्तान आ ओभरलोड (बैंड)
वेबसाइटmeeshashafi.net

साल 2009 में लॉरियल पेरिस पाकिस्तान के ब्रांड एम्बेसेडर बनली, वोग इंडियाएल ऑफ़िशियल मैगज़ीन सभ के कभर पेज पर छपली। एह तारीफी के कुछ दिन बाद ऊ हॉलीवुड चहुंप गइली। मीरा नायर के एगो फिलिम में काम कइली आ बॉलीवुड फिलिम भाग मिल्खा भाग में इनके काम करे के मोका मिलल।

इनके सभसे ढेर परसिद्धि मिलल जब कोक स्टूडियो पाकिस्तान में आरिफ़ लोहार के साथै जुगनी गवली। बाद के सीजन में 2012 में सीजन पाँच में इनके गावल इश्क़ आप भी अवल्ला बहुत परसिद्ध भइल आ भारत आ पाकिस्तान दुनों जगह के लोग के पसंद के कलाकार बन गइली।

संदर्भ संपादन करीं

  1. "कौन हैं अली ज़फ़र पर यौन उत्पीड़न का आरोप लगाने वाली मीशा शफ़ी? - BBC News हिंदी". Bbc.com. 1970-01-01. Retrieved 2018-04-21.