मॉन्ट्रियल प्रोटोकॉल

ओजोन परत के रक्षा खातिर इंटरनेशनल प्रोटोकॉल

मॉन्ट्रियल प्रोटोकॉल चाहे मांट्रियल प्रोटोकाल (अंग्रेजी: Montreal Protocol) एगो इंटरनेशनल संधि (ट्रीटी) हवे जेकर मकसद अइसन केमिकल सभ के उत्पादन आ इस्तेमाल पर नियंत्रण कइल हवे जिनहन से पृथिवी के ओजोन परत के नोकसान पहुँचे ला।[1][2] एह संधि पर सहमती 16 सितंबर 1987 के भइल आ 1 जनवरी 1989 से ई परभाव में आ गइल। तबसे ले के अबतक ले एह में कुल नौ बेर संसोधन भइल बाड़ें। शुरुआत में एह पर कुल 46 देस दस्खत कइलें आ वर्तमान में कुल 197 देस एह संधि पर दसखत कइले बाड़ें।

Montreal Protocol
Signed16 सितंबर 1987
Locationमॉन्ट्रियल, क्यूबेक, कनाडा
Effective1 January 1989 if 11 states have ratified by then.
Conditionratification by 20 states
Signatories46
Ratifiers197 (all United Nations members, as well as Niue, the Cook Islands, the Holy See and the European Union)
Depositaryयूनाइटेड नेशंस के सेक्रेटरी-जनरल
LanguagesArabic, Chinese, English, French, Russian, and Spanish.

एह संधि के एगो इतिहासी संधि मानल जाला आ एकरा चलते ओजोन परत के कटाव भा क्षय के रोके में मदद मिलल बाटे।[3] एकरे उपलक्ष में हर साल 16 सितंबर के ओजोन दिवस मनावल जाला।

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. Environment, U. N. (29 अक्टूबर 2018). "About Montreal Protocol". unep.org (अंग्रेजी में). Retrieved 1 मार्च 2022.
  2. "Montreal Protocol | Definition, Timeline, & Facts | Britannica". www.britannica.com (अंग्रेजी में). Retrieved 1 मार्च 2022.
  3. Velders, G. J. M.; Andersen, S. O.; Daniel, J. S.; Fahey, D. W.; McFarland, M. (20 मार्च 2007). "The importance of the Montreal Protocol in protecting climate". Proceedings of the National Academy of Sciences. 104 (12): 4814–4819. doi:10.1073/pnas.0610328104. Retrieved 1 मार्च 2022.

बाहरी कड़ी संपादन करीं