यूट्यूब
यूट्यूब (अंगरेजी: YouTube) इंटरनेट प बीडियो होस्ट करे वाली एगो अमेरिकी वेबसाइट बा। एकर मुख्यालय अमेरिका के कैलिफोर्निया में सान ब्रूनो नाँव के जगह पर बाटे। एह सेवा के सुरुआत फरवरी 2005 में भइल आ साल 2006 में गूगल एकरा के US$1.65 बिलियन में खरीद लिहलस तबसे गूगल के सब्सिडरी कंपनी के रूप में काम क रहल बाटे।
![]() | |
बिजनेस प्रकार | सब्सिडरी |
---|---|
साइट के प्रकार | बीडियो होस्टिंग सर्विस |
स्थापित | फरवरी 14, 2005 |
मुख्यालय | 901 चेरी एवेन्यू, सान ब्रूनो, कैलिफोर्निया, यूनाइटेड स्टेट्स |
निर्देशांक | 37°37′41″N 122°25′35″W / 37.628101°N 122.426424°Wनिर्देशांक: 37°37′41″N 122°25′35″W / 37.628101°N 122.426424°W |
मालिक | अल्फाबेट इंक |
मूल कंपनी | गूगल (2006–वर्तमान) |
वेबसाइट |
YouTube.com (see list of localized domain names) |
अलेक्सा रैंक |
![]() |
लॉन्च भइल | फरवरी 14, 2005 |
ई साइट अपना प्रयोगकर्ता लोग के बीडियो अपलोड करे, रेट देवे, साझा करे, फेवरिट लिस्ट में जोड़े, रिपोर्ट करे, कमेंट करे आ अन्य प्रयोगकर्ता लोग के सबस्क्राइब करे के सुबिधा उपलब्ध करावे ले। ई सेवा WebM, H.264/MPEG-4 AVC, आ एडोब फ्लैश टेक्नोलॉजी के इस्तेमाल द्वारा बिबिध प्रकार के बीडियो सभ देखावे ले। उपलब्ध बीडियो सभ में, बीडियो क्लिप, टीवी शो के क्लिप, म्यूजिक बीडियो, छोट फिलिम, फिलिम के प्रोमो, डाकुमेंटरी फिलिम, बीडियो ब्लॉग आ पढ़ाई से संबंधित चीज सामिल बा। इसमें किसी दूसरे के द्वारा डाली गयी चीज फिर से डालने पर कापी राईट भी दिया जाता है
इहो देखल जायसंपादन
संदर्भसंपादन
- ↑ "youtube.com Traffic Statistics". अलेक्सा इंटरनेट. अमेजन डॉट कॉम. 5 अप्रैल 2017. पहुँचतिथी 7 अप्रैल 2017.
ई इंटरनेट-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |