यूरेथ्रा
यूरेथ्रा (अंग्रेजी: Urethra) भा पेसाबमारग मनुष्य आ अन्य प्राइमेट जानवर सभ के शरीररचना में एगो नली नियर अंग होला जे पेसाब एकट्ठा होखे वाला ब्लाडर से पेसाबछेद तक ले जुड़ल होला। मनुष्य में, पुरुष लोग में ई लिंग के भीतर से हो के गुजरे ला जबकि औरत सभ में योनी के ऊपर अलग नली आ छेद के रूप में मौजूद होला।
Urethra | |
---|---|
Details | |
Precursor | Urogenital sinus |
Artery | Inferior vesical artery Middle rectal artery Internal pudendal artery |
Vein | Inferior vesical vein Middle rectal vein Internal pudendal vein |
Nerve | Pudendal nerve Pelvic splanchnic nerves Inferior hypogastric plexus |
Lymph | Internal iliac lymph nodes Deep inguinal lymph nodes |
Identifiers | |
Latin | urethra vagina; feminina (female); urethra masculina (male) |
Greek | οὐρήθρα |
MeSH | D014521 |
TA98 | A08.4.01.001F A08.5.01.001M |
TA2 | 3426, 3442 |
FMA | 19667 |
Anatomical terminology |
यूरेथ्रा में इन्फेक्शन से होखे वाली सबसे प्रमुख बेमारी डायसूरिया (Dysuria) कहाला जेह में पेसाब करत समय रोगी के दर्द महसूस होला। एकरे अलावा, किडनी में पथरी (या पथरी के टुकड़ा) पेसाब के रस्ता से बाहर निकलत समय यूरेथ्रा में भारी दर्द के कारण बन सके लें। एह अंग में होखे वाला कैंसर के यूरेथ्रा कैंसर कहल जाला।
ई शरीररचना-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |