लैटिन

इंडो-यूरोपियन भाषा
(Latin से अनुप्रेषित)

लैटिन (अंगरेजी: Latin) इंडो-यूरोपी भाषा सभ के इटैलियन शाखा के एगो प्राचीन भाषा हवे। ई शास्त्रीय भाषा (क्लासिकल लैंगुएज) हवे। लैटिन लिखाई के अच्छर सभ एट्रूस्कन (Etruscan) आ यूनानी अच्छर सभ से बनल हवें जिनहन के मूल फोनेशियन अच्छर हवें।

लैटिन
Lingua latīna
Rome Colosseum inscription 2.jpg
रोम के कोलोसियम में लैटिन में लिखल पत्थरलेख
उच्चारण[laˈtiːna]
मूलभाषा बाटे
  • लैटियम
  • रोमन राज / रिपब्लिक / साम्राज्य
  • आर्मेनियाई साइलीशिया (जनभाषा)
  • वेटिकन सिटी
नृजातीयतालैटिन
इंडो-यूरोपियन
लैटिन अच्छर 
भाषा कोड
ISO 639-1la
ISO 639-2lat
ISO 639-3lat
Glottologlati1261[1]
Linguasphere51-AAB-a
Roman Empire Trajan 117AD.png
रोमन साम्राज्य के सभसे ब्यापक बिस्तार (c. 117 AD) वाला इलाका जे लैटिन बोले वाला लोग के शासन में रहल; कई ठे लोकल भाषा भी एह इलाकन में बोलल जाँय
Romance 20c en-2009-15-02.png
लैटिन से उपजल आधुनिक रोमांस भाषा सभ के यूरोप में बिस्तार
This article contains IPA phonetic symbols. Without proper rendering support, you may see question marks, boxes, or other symbols instead of Unicode characters.

मूल रूप से ई भाषा इटली के प्रायदीप के लैटियम में बोलल जाय। रोमन रिपब्लिक के भाषा के रूप में ई मजबूत भइल आ पहिले इटली में आ अंत में पूरा रोमन साम्राज्य में प्रभुत्वशाली भाषा बन गइल। देहाती लैटिन (Vulgar Latin) से रोमांस भाषा सभ के बिकास भइल जेह में इटैलियन, पुर्तगाली, फ्रांसीसी, आ रोमानियाई नियर भाषा वर्तमान में मौजूद बाड़ी स। लैटिन आ फ्रांसीसी के बहुत सारा शब्द अंगरेजी में भी चहुँपल बाने आ वर्तमान में भी यूरोपीय धरमशास्त्र में, जीवबिज्ञान में आ यूरोपीय चिकित्सा बिज्ञान में लैटिन आ ग्रीक मूल धातु सभ से शब्द बनावल गइल बाने।

संदर्भसंपादन

Page टेम्पलेट:Reflist/styles.css has no content.

  1. Hammarström, Harald; Forkel, Robert; Haspelmath, Martin, eds. (2017). "Latin". Glottolog 3.0. Jena, Germany: Max Planck Institute for the Science of Human History.