आदित्यनाथ

भारतीय राजनेता आ उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री
(योगी आदित्यनाथ से अनुप्रेषित)

आदित्यनाथ (जनम: अजय मोहन बिष्ट[1]; 5 जून 1972) जिनका के योगी आदित्यनाथ के नाँव से बेसी जानल जाला, भारतीय राजनीतिक नेता आ उत्तर प्रदेश के वर्तमान मुख्यमंत्री बाड़ें।[2][3] आदित्यनाथ गोरखपुर में मौजूद गोरखनाथ पीठ के महंथ बाने आ मुख्यमंत्री बने से पहिले गोरखपुर से भाजपा के लोकसभा सांसदो रहल बाने। ऊ अपना से पहिले रहल सांसद महंथ अवैद्यनाथ के धार्मिक आ राजनीतिक उत्तराधिकारी हवें आ एह सीट से लगातार पाँचवीं बेर संसद में पहुँचल रहने।

योगी आदित्यनाथ
उत्तर प्रदेश क 21वाँ मुख्यमंत्री
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
19 मार्च 2017
गवर्नरराम नाइक
डिप्टीकेशव प्रसाद मौर्य
दिनेश शर्मा
इनसे पहिलेअखिलेश यादव
भारतीय संसद सदस्य
गोरखपुर सीट से
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
1998
इनसे पहिलेमहंथ अवैद्यनाथ
निजी जानकारी
जनमअजय मोहन बिष्ट[1]
(1972-06-05) 5 जून 1972 (उमिर 52)
पंचूड़, पौड़ी गढ़वाल, उत्तर प्रदेश (अब उत्तराखंड में)
राजनीतिक पार्टीभारतीय जनता पार्टी
महतारी संस्थागढ़वाल बिस्वबिद्यालय
अकुपेशनराजनेता
धार्मिक नेता
वेबसाइटwww.yogiadityanath.in

आदित्यनाथ के छवि फायरब्रांड हिंदुत्ववादी नेता के हवे। ऊ हिंदू युवा वाहिनी नाँव से संगठन के स्थापना भी कइले बाने जेकरा सामुदायिक दंगा-फसाद में शामिल रहले के खबर बा।[4] आदित्यनाथ के कई ठे बयानन पर पहिले भी बिबाद हो चुकल बाटे।[5][6][7]

सुरुआती जीवन आ पढ़ाई

संपादन करीं

योगी आदित्यनाथ के जनम एक ठो गढ़वाली राजूपत परिवार में 5 जून 1972 के, उत्तर प्रदेश के पौड़ी गढ़वाल जिला (अब उत्तराखंड में) के पंचूड़ गाँव में भइल आ जनम नाव अजय सिंह रहल।[8][9][10] ऊ श्रीनगर, गढ़वाल में मौजूद हेमवती नंदन बहुगुणा विश्वविद्यालय से गणित बिसय में आपन ग्रेजुएशन (बीएस सी) के डिग्री लिहलें।[11][12]

1990 के आसपास अजय सिंह आपन घर त्याग दिहलें आ अजोध्या में रामजन्मभूमि आंदोलन से जुड़ गइलें जेकरे दौरान ऊ गोरखनाथ पीठ के तत्कालीन महंथ अवैद्यनाथ के परभाव में आ के उनकर चेला बन गइलें। बाद में इनके "योगी आदित्यनाथ" नाँव मिलल आ ई अवैद्यनाथ के उत्तराधिकारी घोषित भइलें। कंठी लिहले का बाद गोरखपुर में रहत आदित्यनाथ बाद में अपना मूल गाँव भी जात रहल बाने आ 1998 में उहवाँ एक ठो इस्कूल के निर्माण भी करवा चुकल बाने।[13]

राजनीति में

संपादन करीं

आदित्यनाथ, हिन्दुत्ववादी बिचारधारा के एक ठो खास परंपरा से आवे लें जेकर नेता उत्तर प्रदेश के महंथ दिग्विजय नाथ रहलें जे 22 दिसंबर 1949 के हिंदुत्ववादी लोग के ले के बाबरी मस्जिद पर चढ़ाई कइलेन।[4][14] दिग्विजय नाथ आ उनके चेला अवैद्यनाथ, दुनों जन हिंदू महासभा के सदस्य रहलें आ एकरे टिकट पर लोकसभा सांसद चुनल गइलेन। बाबरी मस्जिद आंदोलन के दौरान संघ परिवार आ महासभा एक साथ आ गइलीं आ 1991 में अवैद्यनाथ भाजपा से जुड़ गइलें, हालाँकि एकरे बावजूद आप कुछ स्वतंत्र अस्तित्व बरकरार रखलें। आदित्यनाथ के 1994 में महंथ अवैद्यनाथ के उत्तराधिकारी के दर्जा मिलल आ एकरे चार बरिस बाद ऊ भारतीय संसद के निचला सदन, लोकसभा खातिर चुनाव जितलें।[4]

गोरखपुर लोकसभा सीट से चुनाव जीत के संसद में पहुँचे वाला 26 बरिस के आदित्यनाथ ओह समय सभसे कम उमिर वाला सांसद रहलें आ एकरे बाद पाँच बेर लगातार एही जा से चुनाव जीत के संसद में पहुँचलें (1998, 1999, 2004, 2009 आ 2014 लोकसभा चुनावन में)।

पहिली बेर चुनाव में जीत दर्ज करे के बाद आदित्यनाथ, आपन खुद के संगठन, हिन्दू युवा वाहिनी के स्थापना कइलेन जे पूर्वांचल में एक ठो बिबादास्पद संगठन रहल बा। भाजपा से टिकट के बाँट के ले के भी आदित्यनाथ के बिबाद रहल, बाकी भाजपा एकरा के निपटा लेहलस काहें कि योगी भाजपा खातिर स्टार प्रचारक के हैसियत रखे लें।[4][15]

हाल के घटनाक्रम में, 2017 के उत्तर प्रदेश बिधान सभा चुनाव में भाजपा के भारी जीत के बाद, आदित्यनाथ के उत्तर प्रदेश के अगिला मुख्यमंत्री चुनल गइल आ ऊ आज 19 मार्च के एह पद के शपथ लिहलें।[16]

राजनीतिक बिबाद

संपादन करीं

साल 2005 में, आदित्यनाथ एक ठो शुद्धीकरण के मुहीम के अगुआई कइलें आ खबरन के मोताबिक अइसन एक ठो घटना में एटा में लगभग 1,800 लोग ईसाई धर्म से हिंदू धर्म में सामिल भइल।[17] ऊ कहलें कि, "हम तबतकले ना रुकब जबले यूपी आ भारत के हिंदू राष्ट्र में न बदल दीं।"[17][17][18]

जनवरी 2007 में, गोरखपुर में मोहर्रम के मौका पर हिंदू-मुस्लिम लोग में झड़प भइल आ एक ठो हिंदू जुवा के अस्पताल में भर्ती करे के पड़ल। गोरखपुर के डीएम साफ कइलें कि योगी के घटनास्थल के दौरा न करे के चाहीं काहें से कि एह से तनाव बढ़ी। सुरू में योगी राजी हो गइलें बाकी अस्पताल में युवक के मौत के बाद ऊ डीएम के आदेश ना मान के अपना समर्थकन के साथ घटना स्थल पर गइलें आ उहाँ अहिंसात्मक धरना पर बइठ गइलें; हालाँकि, उनके भड़काऊ भाषण के बाद उनके समर्थक लगहीं के एक ठो मजार फूँक दिहलें।[19][20] लोकल पुलिस कर्फ्यू लगा दिहलस जेकर आदित्यनाथ उल्लंघन कइलें आ उनके आईपीसी के धारा 151A, 146, 147, 279, 506 के तहत शांति भंग करे के आरोप में गिरफ्तार कइल गइल आ एक पाख खातिर रिमांड पर भेज दिहल गइल।[21][22] उनके गिरफ्तारी से तनाव अउरी बढ़गइल आ बंबई जाए वाले रेल गोदान एक्सप्रेस के कुछ डिब्बा फूँक दिहल गइल जेकर आरोप बिरोध प्रदर्शन करे वाला हिंदू युवा वाहिनी के लोग पर लागल।[23] एह गिरफ्तारी के अगिला दिन गोरखपुर के डीएम आ एसपी के तबादला हो गइल आ एह घटना के मुलायम सिंह सरकार पर योगी आदित्यनाथ के दबाव के के रूप में देखल गइल।[19][22][24] तनाव जल्दिये गोरखपुर में दंगा के रूप ले लिहलस आ मस्जिद, घर आ बस अउरी ट्रेन जरावल गइलीं।[17] [19] जेल से छूटले के बाद अपना कैद पर ऊ संसद में बिरोध दर्ज करवलें।[25]

मार्च 2011 में, एक ठो डाकुमेंटरी फिलिम जेकर टाइटिल रहल सैफ्रॉन वार - रैडिकलाइजेशन ऑफ हिंदुइस्म[26] आदित्यनाथ पर उत्तर प्रदेश के देहाती इलाका में विराट हिंदुस्तान रैली द्वारा धार्मिक तनाव उपजावे के आरोप लगवलस। आदित्यनाथ पर एक ठो नामालूम नेता के बयान के समय स्टेज पर मौजूद रहे के आरोप लागल जेह में ऊ भाषण देवे वाला के बयान रहे कि मुसलमान औरतन के कब्र में निकाल के उनहन के साथ बलात्कार करे के चाहीं; ई रिकार्डिंग मार्च 2015 में सोशल मीडिया पर वाइरल भइल।[27] अगस्त 2014 में कांग्रेस प्रवक्ता शहजाद पूनावाला राष्ट्रीय अल्पसंख्यक आयोग के लिखलें कि धार्मिक भावना भड़कावे के आरोप में आदित्यनाथ पर ऍफ़आईआर दर्ज होखे के चाहीं।[28]

एक ठो नामालूम तारीख़ के बीडियो जे यूट्यूब पर अगस्त 2014 में सोझा आइल, आदित्यनाथ, खबर के मोताबिक आजमगढ़ में एक ठो सभा के दौरान, बियाह से उपजल धार्मिक बिबाद पर कहत लउकलें, "अगर ऊ एक ठो हिंदू लड़की लिहें, हमनी के 100 मुसलमान लड़की लिहल जाई" आ एही बीडियो में, ऊ आगे कहलें, "अगर ऊ लोग एक ठो हिंदू मारी, 100 गो मुसलमान हमनी के" आ एकरा बाद भीड़ के आवाज में उनके आवाज दब गइल जे चिल्लाइल: "मारो"।[18][29][30]

जून 2015 में, आदित्यनाथ सूर्य नमस्कार के सपोर्ट में कहलें कि: "हमार ओह लोग से बिनम्र अनुरोध बा, जे लोग सुरुज नियर देवता में समुदायवाद देखतबा, कि ऊ लोग समुंदर में बूड़ जाय या बाकी जिनगी भर खातिर अपना के अन्हार कोठरी में बंद क ले।[31]

2015 के अंत के समय के दौरान असहिष्णुता के मुद्दा पर बात करत घरी, आदित्यनाथ भारतीय एक्टर शाहरुख़ खान के तुलना हाफिज सईद के साथै कइलें आ कहलें, "शाहरुख़ खान के ई बात इयाद रखे के चाहीं कि देस के बहुसंख्यक जनता उनके स्टार बनवले बा, आ अगर ऊ उनके फिलिम के बायकाट क दी ता उनहूँ के सड़क पर आ जाये के पड़ी। ई दुर्भाग के बाति बा कि शाह रुख खान उहे भाषा बोलत बाने जे हाफिज सईद के बा।"[32][33]

3 जनवरी 2016 के, पठानकोट हमला के एक दिन बाद योगी कहलें कि, "पठानकोट हमला एक बेर फिर ई साबित क दिहले बा कि शैतान में भी सुधार हो सके ला बाकि पाकिस्तान में ना"।[34]

आदित्यनाथ, अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के ओह आदेश के तारीफ़ कइलें जेह में सात गो मुस्लिम-मेजारिटी वाला देस से आवे वाला लोग पर प्रतिबन्ध के बात कइल गइल, आ कहलें कि भारतो के आतंकवाद से निपटे खातिर अइसन नीतिगत कदम उठावे के चाहीं।[35]

भाजपा के साथ संबंध

संपादन करीं

आदित्यनाथ के भाजपा के साथ एक दशक से लंबा समय से तनाव भरल रिश्ता रहल बा।[36] उत्तर प्रदेश के पूरबी भाग में आपन खुद के अलग राजनीतिक आधार होखे के कारण आदित्यनाथ पार्टी में अउरी ढेर ताकत के माँग के चलते पार्टी से अउरी बिबाद बढ़ल।[37]

22–24 दिसंबर 2006 के जोगी आदित्यनाथ गोरखपुर में तीन दिना खातिर बिसाल हिंदू महासम्मेलन कइलें, ठीक ओही समय जब भाजपा लखनऊ में अपना राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बैठक करत रहल। साल 2007 के चुनाव में भाजपा के साथे सीट के बाँट खातिर योगी आदित्यनाथ के बिबाद भइल जब ऊ उत्तर प्रदेश के पूरबी इलाका, पूर्वांचल के 100 सीट पर आपन पसंद के उमीदवार खड़ा कइल चाहत रहलें, जेकरा से पार्टी के शीर्ष नेतृत्व इनकार क दिहलस। बाद में समझौता भइल आ इनके आठ गो उमेदवार लोग के टिकट मिलल।[38]

मार्च 2010 में, आदित्यनाथ कुछ अइसन भाजपा सांसद लोग में रहलें जे लोग महिला आरक्षण बिधेयक पर पार्टी के विप (whip) के उल्लंघन में बयान दिहल।[39]

  1. 1.0 1.1 "In The End, This Is What Worked In Yogi Adityanath's Favour" [अंत में, जवन चीज योगी आदित्यनाथ के पक्ष में काम कइल] (अंग्रेजी में). huffingtonpost.in. 18 मार्च 2017. Retrieved 19 मार्च 2017.
  2. "Chetan chauhan and mohsin raza got ministry in Yogi aditynath cabinet after UP elections 2017 news in hindi-य་गༀ क༇ ऎंतŕĽ?रༀऎंथल ऎ༇ं 'एलŕĽ?ŕ¤˛ŕĽ‡ŕ¤Źŕ¤žŕ¤œŕĽ€' कर༇ंग༇ ऌ་ ŕ¤–िलञथटༀ - Patrika News". Patrika.com. Retrieved 2017-03-19.
  3. "योगी बनल शासक! आदित्यनाथ उत्तर प्रदेश के अगिला मुख्यमंत्री होईहे". The Bhojpuri. Retrieved 2017-03-19.[मुर्दा कड़ी]
  4. 4.0 4.1 4.2 4.3 जैफ़रलोट, क्रिस्टोफ (6 अक्टूबर 2014). "The other saffron" [एक ठो अउरी भगवा]. दि इंडियन एक्सप्रेस. Retrieved 19 मार्च 2017.
  5. "योगी आदित्यनाथ के जिन बयानों पर हुआ है विवाद - BBC हिंदी". Bbc.com. 18 मार्च 2017. Retrieved 19 मार्च 2017.
  6. "विवादित बयानों वाले योगी आदित्यनाथ होंगे यूपी के मुख्यमंत्री - BBC हिंदी". Bbc.com. 18 मार्च 2017. Retrieved 19 मार्च 2017.
  7. "यूपी के जनता भाजपा के 14 साल के वनवास खत्म करे के मन बना लेलस: योगी आदित्यनाथ". The Bhojpuri. 2017-03-07. Retrieved 2017-03-19.[मुर्दा कड़ी]
  8. श्रीवास्तव, पीयूष (14 मार्च 2007). "The Yogi who courts controversy" [योगी जे बिबाद में जुड़ल बा]. The Indian Express (अंग्रेजी में). Retrieved 19 मार्च 2017.
  9. "Saffron power in Gorakhpur" [गोरखपुर में भगवा ताकत]. Thehindu.com (अंग्रेजी में). Retrieved 19 मार्च 2017.
  10. "Smart father's 'simple' son battles a Yogi" [स्मार्ट पिता के सरल संतान जोगी के साथ लड़ाई में]. Telegraphindia.com (अंग्रेजी में). Retrieved 19 मार्च 2017.
  11. "Yogi Adityanath, a Maths graduate who became a sanyasi" [योगी आदित्यनाथ, गणित में स्नातक जे जोगी बन गइलें], दि इकोनॉमिक टाइम्स (अंग्रेजी में), 19 मार्च 2017
  12. "How a Pauri youth turned into Yogi" [पौड़ी के जुवा कइसे जोगी बनलें]. दि टाइम्स ऑफ इंडिया (अंग्रेजी में). 4 सितंबर 2014. Retrieved 5 सितंबर 2014.
  13. "Father, villagers in Uttarakhand elated over Yogi Adityanath's elevation as UP CM | assembly-elections$uttarpradesh-2017". Hindustan Times. Retrieved 2017-03-19.
  14. झा, कृष्ण; झा, धीरेन्द्र कु॰ (2012). Ayodhya: The Dark Night [अयोध्या: करिया राति] (अंग्रेजी में). हार्पर कॉलिन्स, इंडिय. ISBN 978-93-5029-600-4. {{cite book}}: Invalid |ref=harv (help)
  15. Graff, Violette; गैलोनियर, जूलिएट (20 अगस्त 2013). "Hindu–Muslim Communal Riots in India II (1986-2011)" [भारत में हिंदू-मुस्लिम धार्मिक दंगा II (1986-2011)] (अंग्रेजी में). साइंसेज पो.
  16. "know about family of yogi adityanath cm of up" [उप्र के सीएम योगी आदित्यनाथ के परिवार के बारे में जानीं] (अंग्रेजी में). Aajtak.intoday.in. 18 मार्च 2017. Retrieved 19 मार्च 2017.
  17. 17.0 17.1 17.2 17.3 "'When I Ask Them To Rise And Protect Our Hindu Culture, They Obey Me'". Tehelka. 14 फरवरी 2009. Archived from the original on 2016-03-04. Retrieved 2017-03-19.
  18. 18.0 18.1 "From love jihad, conversion to SRK: 10 controversial comments by UP's new CM Yogi Adityanath". हिंदुस्तान टाइम्स. 18 मार्च 2017. Retrieved 19 मार्च 2017. {{cite news}}: Cite has empty unknown parameter: |dead-url= (help)
  19. 19.0 19.1 19.2 सुहासिनी अली (27 फरवरी 2007). "Hindutva's Uncivil Society in Eastern UP: Its time stop the hate spewing yogi of Gorakhpur". SACW.net Communalism Repository. Archived from the original on 7 जून 2007. Retrieved 1 मई 2007. {{cite web}}: Unknown parameter |deadurl= ignored (help)
  20. "Violence hits parts of eastern UP, curfew in Gorakhpur area". 29 जनवरी 2008.
  21. "`Jailhouse rock' for Yogi & Cohost Amarmani". हिंदुस्तान टाइम्स. 2 फरवरी 2007. Retrieved 1 सितंबर 2014.
  22. 22.0 22.1 अपूर्वानंद (17 फरवरी 2007). "Riot, manufactured in Gorakhpur". तहलका. Archived from the original on 2016-03-04. Retrieved 26 अप्रैल 2007.
  23. शाहिरा नईम (2 फरवरी 2007). "Vahini activists set train ablaze". ट्रिब्यून न्यूज सर्विस. Archived from the original on 28 अप्रैल 2007. Retrieved 26 अप्रैल 2007. {{cite news}}: Unknown parameter |deadurl= ignored (help)
  24. शाहिरा नईम (30 जनवरी 2007). "Gorakhpur: DM, SSP removed". ट्रिब्यून न्यूज सर्विस. Archived from the original on 2016-03-04. Retrieved 26 अप्रैल 2007.
  25. "Monk MP breaks down in tears in parliament". रायटर्स. 12 मार्च 2007. Retrieved 1 मई 2007.[मुर्दा कड़ी]
  26. [1][मुर्दा कड़ी]
  27. "' Yogi Adityanath's Men Telling Hindus To Rape Dead Muslim Women Is Beyond Shocking'". इंडियाटाइम्स. 3 मार्च 2015. Retrieved 11 मार्च 2015.
  28. Activist writes to minority commission against Yogi Adityanath, demands FIR for hate-speech, इंडिया टुडे, 28 अगस्त 2014
  29. "A bizarre analysis of riots, by Yogi Adityanath". India Today. 31 August 2014. Retrieved 19 मार्च 2017. {{cite news}}: Cite has empty unknown parameter: |dead-url= (help)
  30. "Hindutva Jihad: 'If They Kill One Hindu, 100 Will Be...'". आउटलुक इंडिया. 27 अगस्त 2014. Retrieved 19 मार्च 2017. {{cite web}}: Cite has empty unknown parameter: |dead-url= (help)
  31. "Those who want to avoid Yoga can leave India: Yogi Adityanath". दि हिंदू. 9 जून 2015.
  32. "BJP MP Yogi Adityanath: No difference in language of Shah Rukh Khan and Hafiz Saeed". दि टाइम्स ऑफ इंडिया. Retrieved 18 मार्च 2017. {{cite web}}: Italic or bold markup not allowed in: |publisher= (help)
  33. "SRK talks like Hafiz Saeed, can go to Pakistan: Yogi Adityanath". Indianexpress.com. 5 नवंबर 2015. Retrieved 18 मार्च 2017.
  34. "This BJP MP thinks Pakistan is worse than Satan". Tribune.com. 3 जनवरी 2016. Retrieved 18 मार्च 2017.
  35. "BJP's Yogi Adityanath Praises Trump Ban, Compares Western UP To Kashmir". एनडीटीवी. 31 जनवरी 2017.
  36. शरद गुप्ता (28 सितंबर 1999). "Group war peaks in Uttar Pradesh". दि इंडियन एक्सप्रेस.
  37. अतीक खान (28 मार्च 2007). "Yogi's revolt may hit BJP: Ex-BJP leader to go it alone in U.P". चेन्नई, भारत: दि हिंदू. Archived from the original on 2007-10-01. Retrieved 26 अप्रैल 2007.
  38. Mohua Chatterjee (30 मार्च 2007). "Adityanath back in BJP, 8 nominees get tickets". दि टाइम्स ऑफ इंडिया. Archived from the original on 2012-11-03. Retrieved 26 अप्रैल 2007.
  39. "National - News". News.in.msn.com. 2017-03-14. Archived from the original on 2012-03-12. Retrieved 2017-03-18.

बाहरी कड़ी

संपादन करीं
पहिले
अखिलेश यादव
उत्तर प्रदेश क मुख्यमंत्री
2017 – वर्तमान
पद पर वर्तमान