रॉकी परबत
उत्तर अमेरिका में परबत श्रेणी
(राकी परबत से अनुप्रेषित)
रॉकी परबत उत्तर अमेरिका महादीप के पच्छिमी भाग में स्थित एगो बिसाल परबत श्रेणी बाटे। ई अल्पाइन क्रम के परबत हवे आ एकर निर्माण लारामाइन परबत निर्माण की घटना में भइल रहे। उत्तर अमेरिकी प्लेट की नीचे पच्छिम ओर से कई गो प्लेट सभ के धँसाव से बनल ई परबत के पूरुब-पच्छिम चौड़ाई भी बहुत बाटे काहें से कि ए धँसाव के कोन बहुत कम रहे। ई परबत के लंबाई में बिस्तार उत्तर दक्खिन के बाटे आ एकर कुल लंबाई लगभग 3000 मील (4830 किलोमीटर) बा।
रॉकी परबत | |
---|---|
Rocky Mountains भा the Rockies | |
Highest point | |
परबतचोटी | Mount Elbert (कोलोरैडो, अमेरिका) |
ऊँचाई | 14,440 फीट (4,401 मी) |
लोकेशन (भूगोलीय) | 39°07′03.90″N 106°26′43.29″W / 39.1177500°N 106.4453583°W |
डाइमेंशन | |
लंबाई | 3,000 मील (4,800 किमी) |
भूगोल | |
देस | कनाडा and अमेरिका |
राज्य/प्रांत | |
रेंज निर्देशांक | 43°44′28″N 110°48′09″W / 43.741208°N 110.802414°Wनिर्देशांक: 43°44′28″N 110°48′09″W / 43.741208°N 110.802414°W |
मूल परबत श्रेणी | उत्तर अमेरिकी कार्डीलेरा |
Geology | |
चट्टान के उमिर | Precambrian and Cretaceous |
चट्टान प्रकार | आग्नेय, अवसादी and मेटामोर्फिक |
बर्तमान में ई नेशनल पार्क आ बन क्षेत्र से घिरल बाटे आ कई तरह के खनिज पदार्थन के भण्डार भी हवे। ई अमेरिका में पर्यटन के बहुत सारा जगहन के अपनी ऊपर आश्रय दिहले बाटे जहाँ पर्वतारोहण, हाइकिंग आ प्रकृति दर्शन नियर चीज खातिर लोग घुमे जाला।
संदर्भ
संपादन करींई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |